फोटो: मलेशिया में भोजपुरी सिनेमा के धूम, देशभक्ति के रंग से सभ सराबोर

आईबीएफ़ए 2018 में मनोज तिवारी, रश्मि देसाई, पवन सिंह, दिनेश लाल यादव निरहुआ, आम्रपाली दुबे, रवि किशन समेत भोजपुरी सिनेमा आ बॉलीवुड के दर्जनों स्टार शामिल भईले।

आईबीएफ़ए 2018 में मनोज तिवारी, रश्मि देसाई, पवन सिंह, दिनेश लाल यादव निरहुआ, आम्रपाली दुबे, रवि किशन समेत भोजपुरी सिनेमा आ बॉलीवुड के दर्जनों स्टार शामिल भईले।

मलेशिया के राजधानी क्वालालम्पूर में आयोजित'डिशूम इंटरनेशनल भोजपुरी फिल्‍म अवार्डस' (आईबीएफए 2018) में भोजपुरी के संगे – संगे बॉलीवुड के कलाकार भी शामिल भईले अवुरी अपना दमदार प्रदर्शन से पुरस्कार समारोह में चार चांद लगा देले।

लोकगायक, अभिनेता आ भाजपा सांसद मनोज तिवारी
दिनेश लाल यादव 'निरहुआ'

आज़ादी के 72वां सालगिरह के मौका प आयोजित ए समारोह में लोकगायक, अभिनेता आ भाजपा सांसद मनोज तिवारी आ जुबली स्‍टार दिनेश लाल यादव 'निरहुआ' के देशभक्ति से सराबोर प्रदर्शन मुख्‍य आकर्षण रहे।

मशहूर गायक कुमार सानू अवुरी पवन सिंह
आम्रपाली दुबे अवुरी दिनेश लाल यादव 'निरहुआ'

मशहूर गायक कुमार सानू जहां अपना आवाज से दर्शक के भाव विभोर क देले, उहें डिनो मोरियो (राज फिल्म से चर्चित) अपना धमाकेदार परफॉर्मेंस से लोग के दिल जीत लेले। ए दुनो के शानदार प्रदर्शन के बाद कृष्‍णा अभिषेक अपना कॉमेडी से सभके गुदगुदा गईले।

दिनेश लाल यादव 'निरहुआ'

हालांकि ए समारोह में मेगा स्‍टार रवि किशन, दिनेश लाल यादव 'निरहुआ' आ पवन सिंह के जादू सिर प चढ़ के बोललस। विनय आनंद आ यश कुमार जहां ए समारोह के प्रस्तुत कईले, उहें आम्रपाली दुबे के ठुमका प ताली के बौछार भईल।

रश्मि देसाई
आम्रपाली दुबे

पायल रोहतगी, मधु शर्मा, शुभी शर्मा, रश्मि देसाई, संभावना सेठ के संगे-संगे बाकी कलाकार भी समारोह में बढ़-चढ़ के योगदान कईले। ए सभ लोग के प्रस्तुति के 15 अगस्‍त के सांझ 8 बजे डिशुम चैनल प देखल जा सकता।

बॉलीवुड स्टार डीनो मोरिया, पवन सिंह अवुरी रवि किशन

डिशुम चैनल के सीईओ पार्था डे बतवले कि भोजपुरी भाषी दर्शक खाती चैनल ए साल भोजपुरी माटी के खुशबू से सराबोर बहुत कार्यक्रम लेके आवता। सभ कार्यक्रम दर्शक के एकदम नया अनुभव दिही।

आम्रपाली दुबे अवुरी दिनेश लाल यादव 'निरहुआ'
रवि किशन

चैनल के निदेशक अपर्णा शाह बतवली 15 अगस्‍त के सांझ 8 बजे आईबीएफए 2018 के संगे छठ तक चलेवाला डिशुम के जलसा शुरू होई।

मनोज तिवारी अवुरी रवि किशन
रश्मि देसाई, कृष्ण अभिषेक अवुरी विनय आनंद

मलेशिया के राजधानी क्वालालम्पूर में आयोजित ए साल के 'डिशूम इंटरनेशनल भोजपुरी फिल्‍म अवार्डस' (आईबीएफए 2018) से पहिले, पछिला साल आईबीएफ़ए 2017 के आयोजन लंदन में भईल रहे।

  • Share on:
Loading...