अटल जी के निधन से खाली भईल जगह जुग-जुग तक ना भरे पाई

अटल जी के निधन से खाली भईल जगह जुग-जुग तक ना भरे पाई

पूर्व प्रधानमंत्री श्री अटल बिहारी वाजपेयी के गुरुवार के सांझ के करीब पाँच बजे निधन हो गईल। उनुका मौत के खबर सुनते भाजपा नेता शत्रुघ्न सिन्हा कहले कि राजनीतिक आ सामाजिक तौर प आज हम अनाथ हो गईनी। हम आपन 'गॉड फादर' खो देनी। उ कहले कि अटल बिहारी वाजपेयी युगपुरुष रहले अवुरी उनुका निधन के संगही भारतीय राजनीति के एक युग के अंत हो गईल।

शत्रुघ्न सिन्हा कहले कि, अटल बिहारी के दृढ़निश्चयी स्वभाव, कवि ह्रदय व्यक्तित्व, गजब के हाजिर जवाबी, कठिन राजनीतिक हालात में भी व्यंग्य अवुरी कटाक्ष जवन गंभीर माहौल के हल्का क देत रहे, उनुकर राजनीतिक साहस अवुरी प्रशासनिक क्षमता भारत के इतिहास में युगों-युग तक याद कईल जाई।

उ कहले कि, हम खुद के ओ सौभाग्यशाली लोग में पावतानी जेकरा के अटल जी के संगे काम करे, उनुका संगे समय बितावे अवुरी उनुका मंत्रिमंडल में रहे के सौभाग्य मिलल। सिन्हा आगे कहले कि हम भारतीय फिल्म उद्योग के उ पहिला आदमी बानी जेकरा के अटल जी के मंत्रिमंडल में कैबिनेट मंत्री के दर्जा मिलल रहे।

भाजपा नेता कहले कि हम ओ भाग्यशाली लोग में शामिल रहल बानी जेकरा अटल जी के चुनाव क्षेत्र में प्रचार करे अवुरी उनुका मतदाता से सीधा बातचीत करे के मौका मिलल। उ हमरा के भाजपा के स्टार प्रचारक बनवले। ओकरा बाद हमरा के कश्मीर से कन्याकुमारी तक चुनाव प्रचार करे के मौका मिलल।

सिन्हा आगे कहले कि अटल जी त पछिला आठ-नव साल से खामोश रहले। लेकिन उ खामोशी डेरावे वाली ना रहे। दुनिया से विदा लेके उ भारतीय राजनीति में जवन शून्यता छोड़ले बाड़े उ शून्यता आवे वाला कई युग तक भरे वाला नईखे। उ कहले कि अयीसना युगपुरुष अवुरी युग के अंत होखत देख के हमरा भारतीय राजनीति में एगो अयीसन शून्यता देखाई देता जवन आवे वाला कई युग तक कायम रही।

  • Share on:
Loading...