बिहार: जदयू के जिलाध्यक्ष एगो युवक के दिनदहाड़े गोली मार देले

बिहार: जदयू के जिलाध्यक्ष एगो युवक के दिनदहाड़े गोली मार देले

बिहार के जहानाबाद जिला में रविवार के कुछ लोग सरेआम एगो युवक के गोली मार देले। गोली चलावे वाला लोग जदयू के जिला अध्यक्ष राजीव नयन उर्फ राजू सिंह के संगे आईल रहले। ए मामला में युवक के परिवार जदयू जिलाध्यक्ष अवुरी उनुका संगे आईल लोग प गोली मारे के आरोप लगावता।

जहानाबाद में घोसी थाना क्षेत्र के तहत नौसहरा गांव में रविवार के एगो युवक के गोली मार दिहल गइल। गोली के शिकार बनल युवक के पहचान थल्लु बिगहा गांव के निवासी आ चौकीदार गौरीशंकर के बेटा लालू कुमार के रूप में भईल।

लालू कुमार के परिवार अवुरी गांव के लोग के मुताबिक जदयू के जिलाध्यक्ष राजू सिंह के इशारा प उनुका संगे आईल लोग लालू के गोली मरले। बतावल जाता कि राजू सिंह जदयू के जिलाध्यक्ष होखला के अलावे जिला के बहुत बड़ बालू ठेकेदार हवे।

गांव के लोग बतवले कि मामला बालू के अवैध कारोबार से जुड़ल बाटे। राजू सिंह अवुरी उनुका आदमी रविवार के मोहित नाम के एगो आदमी के खोजत नौसहरा गांव पहुंचल रहले, जहां ओ लोग आ गांव के लोग के बीच बतरस भईल। ए बतरस के दौरान राजू सिंह के ओर से फायरिंग भईल, जवन कि लालू के लाग गइल।

गोली लागला के बाद युवक के इलाज खाती तुरंत सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल जहां ओकर इलाज चलता। अस्पताल के डॉक्टर के मुताबिक गोली के घाव गंभीर नईखे अऊरी युवक के जान खतरा से बहरी बाटे।

अस्पताल में भर्ती लालू कुमार बतवले कि रविवार के सबेरे जदयू जिलाध्यक्ष राजू सिंह करीब 6 लोग के संगे नौसहरा गांव पहुंचल रहले अऊरी मोहित नाम के एगो आदमी के बारे में पुछे लगले। गांव के लोग जब राजू सिंह के विरोध कईले त उनुका संगे आईल लोग गोली चला देले।

पुलिस ए मामला में लालू कुमार के बयान के आधार प प्राथमिकी दर्ज करत जांच शुरू क देले बिया, लेकिन अंतिम सूचना मिले तक केहु के गिरफ्तारी ना भईल रहे।

ऐने गांव के लोग ए मामला में पुलिस प जानबूझ के लापरवाही करे आ मामला दबावे के प्रयास करे के आरोप लगावतारे। गांव के लोग कहले कि चूंकि आरोपित जदयू के बड़ नेता बा एहसे पुलिस खाली कागजी खानापूर्ति करतिया।

  • Share on:
Loading...