महिला अपना 3 बेटा संगे ईनार में कुदल, चारो के जगहे प मौत

महिला अपना 3 बेटा संगे ईनार में कुदल, चारो के जगहे प मौत

बिआह के 15 साल बाद तक दहेज के रट लगावे वाला पति आ ससुराल के बाकी लोग के व्यवहार से तंग आके एगो महिला कथित तौर प अपना तीन बेटा के संगे ईनार (कुआं) में कूद के जान दे देलस। घटना के बाद से महिला के पति आ ससुराल के परिवार के बाकी सदस्य घर छोड़ के फरार बाड़े।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक गिरिडीह में घनवार थाना क्षेत्र के निमाडीह निवासी मनव्वर अंसारी के पत्नी जूबेदा खातून आ उनुका तीनों बच्चा के लाश घर के नजदीक एगो ईनार से मिलल।

पुलिस चारो लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम बदे भेज देले बिया अवुरी जांच कईल जाता। पुलिस के मुताबिक शुरुआती जांच में मामला साफ नईखे होखत। एक ओर जूबेदा के नईहर के परिवार एकरा के दहेज से जोड़त हत्या करार देता त दोसरा ओर मौका से मिलल सबूत आत्महत्या के ओर इशारा करता।

मरेवाली महिला जूबेदा खातून के पिता असगर अंसारी बतवले कि उनुका बेटी के बिया करीब 15 साल पहिले मनव्वर अंसारी के संगे भईल रहे। बियाह के बाद से ससुराल के लोग दहेज खाती जूबेदा के लगातार तंग करत रहले। उ कहले कि उनुकर बेटी बहुत हिम्मत वाली रहे, एहसे उनुका भरोसा नईखे कि उ अपना तीन बच्चा संगे ईनार में कूद के जान दिही।

पुलिस जूबेदा के नईहर के परिवार के आवेदन प मामला दर्ज करत जांच शुरू क देले बिया, जबकि घटना के बाद से जूबेदा के ससुराल के लोग आ उनुकर पति फरार बाड़े। पुलिस के मुताबिक मरेवाली महिला जूबेदा खातून के उमर करीब 34 साल रहे, जबकि उनुकर बेटा मोजामिल 11 साल, मोजाससिर 8 साल आ दानिस 5 साल के रहले।

  • Share on:
Loading...