नाबालिग के पकड़ के जबर्दस्ती बियाह के बाद दुष्कर्म, एफआईआर दर्ज

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के जहानाबाद के एगो गांव में एगो नाबालिग लईकी से दुष्कर्म के बाद दोबारा मना करे प ओकर आपत्तिजनक फोटो सोशल मीडिया में कथित तौर प वायरल क दिहल गईल।

ए मामला में पीड़िता के ओर से महिला थाना में गांव के एगो युवक वेदप्रकाश उर्फ बहादुर के खिलाफ एफआईआर दर्ज करावल गईल। जहानाबाद के नगर थाना क्षेत्र के घटना के बारे में पीड़िता आरोप लगवले बाड़ी कि उ अपना ननिहाल में रह के पढ़ाई करेली।

आरोपी युवक नाबालिग लईकी के ननिहाल के घर के बगल के बतावल जाता। जानकारी के मुताबिक युवक दु महिना पहिले नाबालिग के बहला-फुसला के अपना घरे ले गईल अवुरी जबर्दस्ती ओकरा मांग में सेनूर डाल देलस। ओकरा बाद पत्नी होखे के बात कह दुष्कर्म कईलस अवुरी मोबाइल से ओकर आपत्तिजनक फोटो खींच लेलस।

पीड़िता के मुताबिक तीन दिन पहिले आरोपित युवक फेसबुक अवुरी व्हाट्सएप प आपत्तिजनक फोटो वायरल क दोबारा शारीरिक संबंध बनावे खाती ब्लैकमेल करत रहे। फोटो वायरल होखला के बाद नाबालिग के परिवार के मामला के जानकारी होखे प युवक के खिलाफ एफआईआर दर्ज करवा देले। फिलहाल पुलिस मामला के जांच करतिया।

  • Share on:
Loading...