पश्चिम बंगाल: तृण मूल कांग्रेस कार्यालय में बम विस्फोट, 2 के मौत, 4 घाही

फाइल फोटो

फाइल फोटो

पश्चिम बंगाल के पश्चिम मिदनापुर जिला के मकरमपुर में मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के पार्टी तृण मूल कांग्रेस (टीएमसी) कार्यालय में भीषण विस्फोट होखे से एगो टीएमसी कार्यकर्ता के जगहे प मौत हो गईल अवुरी 5 लोग घाही हो गईले। बम विस्फोट में घाही पांचो लोग के मिदनापुर मेडिकल कॉलेज अवुरी अस्पताल में भर्ती करावल गईल। जहां इलाज के दौरान गंभीर रूप से घाही एगो अवुरी आदमी के मौत हो गईल। मरेवाला के पहचान टीएमसी सदस्य सुदीप्त घोष के रूप में भईल बा।

बतावल जाता कि ए हमला में पार्टी के कार्यालय के नुकसान पहुंचल बा। धमाका अतना जोरदार रहे कि इमारत के एगो हिस्सा पूरा तरह से गिर गईल। घटना के बाद मौका प पहुंचल पुलिस मलबा में दबाईल लोग के निकलवा के अस्पताल पहुंचवलस अवुरी मामला दर्ज क जांच शुरू क देले बिया। हालांकि अभी तक इ पता नईखे चले सकल कि हमला के पीछे केकर हाथ बा।

पुलिस के कहनाम बा कि गवाह के मानल जाए त विस्फोट सबेरे करीब दस बजे भईल बा। स्थानीय लोग के घटना के बारे में कहनाम बा कि अभी तक इ पता नईखे चले पावल कि टीएमसी कार्यालय के भीतर क्रूड बम विस्फोट भईल बा चाहे फिर गैस सिलिंडर फाटे से विस्फोट भईल बा।

टीएमसी विधायक प्रद्युत घोष कहले कि अभी तक विस्फोट के कारण के पता नईखे चले पावल। पुलिस ए मामला के जांच करतिया।

  • Share on:
Loading...