बिहार: महिला के लाश के 12 दिन तक सड़ल, प्रशासन आ अस्पताल कानूनी खेल में व्यस्त

बिहार: महिला के लाश के 12 दिन तक सड़ल, प्रशासन आ अस्पताल कानूनी खेल में व्यस्त

प्रशासन आ अस्पताल के लापरवाही के चलते बिहार के जहानाबाद में एगो महिला के लाश 12 दिन तक लावारिस हालत में पोस्टमार्टम केंद्र में परल रह गइल। मरेवाली महिला के पहचान नईखे भईल।

खबर के मुताबिक 12 अगस्त के जहानाबाद के सदर अस्पताल में एगो महिला के बेहोशी के हालत में भर्ती करावल रहे। 14 अगस्त के इलाज के दौरान ए महिला के मौत हो गइल जेकरा बाद अस्पताल एकर सूचना पुलिस के देलस।

सूचना मिलला के बाद पुलिस अस्पताल पहुंचल आ जांच कईलस लेकिन महिला के पहचान आ ओकरा के अस्पताल में भर्ती करावे वाला के बारे में कवनो जानकारी ना मिलल। मरेवाली महिला के पहचान ना होखला के चलते पुलिस ओकरा लाश के अपना कब्जा में लेवे से माना क देलस।

पुलिस के कहनाम रहे कि उ बिना पहचान के लाश के सिर्फ अंतिम संस्कार करे खाती अपना कब्जा में नईखे ले सकत। अयीसन हालत में महिला के अंतिम संस्कार के ज़िम्मेदारी स्थानीय प्रशासन चाहे अस्पताल प्रशासन के बनता।

स्थानीय पुलिस के हाथ खाड़ा कईला के बाद अस्पताल 17 अगस्त के महिला के अंतिम संस्कार खाती जिलाधिकारी आ एसडीओ समेत जिला प्रशासन के चिट्ठी लिखलस आ ए मामला में निर्देश के मांग कईलस। लेकिन जिला प्रशासन के ओर आज तक ए मामला में कवनो निर्देश अस्पताल खाती ना जारी भईल।

एह बीच जिला प्रशासन के चिट्ठी लिखला के बाद निर्देश के इंतज़ार करत अस्पताल प्रशासन भी सुस्त हो गइल अऊरी महिला के लाश के अंतिम संस्कार के बात के शायद भूला गइल। याद तब परल जब लाश सड़ के बदबू देवे लागल।

सड़त लाश के दुर्गंध जब हड़कंप मचा देलस त अस्पताल प्रशासन के होश आईल आ शनिवार 25 अगस्त के तुरंत-फुरन्त में लाश के अंतिम संस्कार करवा दिहल गइल। याद रहे कि महिला के मौत 14 अगस्त के भईल रहे, जबकि अंतिम संस्कार 25 अगस्त के भईल बा।

ए घटना से अस्पताल के आसपास रहेवला स्थानीय लोग में भारी नाराजगी बा। नाराजगी के पहिला कारण त महिला के लाश से आवत दुर्गंध बाटे, जबकि दुसरका कारण अस्पताल आ स्थानीय प्रशासन के लापरवाही से भईल महिला के लाश के दुर्गति बाटे। स्थानीय लोग कहतारे कि जदी दुर्गंध ना आईत त अस्पताल के लोग शायद लाश के अंतिम संस्कार तक ना करीते।

  • Share on:
Loading...