मुलायम परिवार में घमासान, शिवपाल यादव समाजवादी सेक्युलर मोर्चा के गठन के घोषणा कईले!

मुलायम परिवार में घमासान, शिवपाल यादव समाजवादी सेक्युलर मोर्चा के गठन के घोषणा कईले!

समाजवादी पार्टी के वरिष्ठ नेता अवुरी मुलायम सिंह यादव के भाई शिवपाल यादव बुधवार के समाजवादी सेक्युलर मोर्चा के गठन के घोषणा कईले। हालांकि, उ साफ कईले कि उ समाजवादी पार्टी के नईखन छोड़त। शिवपाल कहले कि सेक्युलर मोर्चा के तहत सपा में उपेक्षित नेता अवुरी बाकी छोट दल के जोड़े के काम कईल जाई। कुछ दिन पहिले शिवपाल नाराजगी जतावत कहले रहले कि हम आजूओ पार्टी में सम्मानित पद पावे के इंतजार करतानी। पछिला डेढ़ साल से हम इंतजारे करतानी।

शिवपाल यादव बुधवार के कहले कि, "हम समाजवादी सेक्युलर मोर्चा के गठन कईले बानी। जेकर समाजवादी पार्टी में सम्मान नईखे होखत ओकरा हमनी के संगे आवे के चाही। समाजवादी सेक्युलर मोर्चा अपना संगे छोट दल के जोड़े के काम करी।"

शिवपाल कहले कि भारतीय जनता पार्टी में शामिल होखे के झूठ में अफवाह फैलावल जाता। उ कहले कि समाजवादी पार्टी में नेताजी (मुलायम सिंह) के सम्मान ना होखे से दुखी बाड़े। असही कतने नेता अयीसन बाड़े जेकरा के पार्टी में उपेक्षित राखल गईल बा।

उ कहले कि उनुका के कवनों मीटिंग में नईखे बोलावल जात। शिवपाल आगे कहले कि ए मोर्चा के सहारे उपेक्षित दल के जोड़ल जाई। समाजवादी सेक्युलर मोर्चा उत्तर प्रदेश में नया सियासी विकल्प होई।

एकरा से पहिले सोमवार अवुरी बुधवार के शिवपाल यादव लोहिया ट्रस्ट में मुलायम सिंह यादव से मुलाकात कईले। दुनों नेता के बीच सेक्युलर मोर्चा के गठन अवुरी ओकरा के मजबूत करे खाती विचार-विमर्श भईल। ओकरा बाद भाजपा के सहयोगी दल सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी के अध्यक्ष ओमप्रकाश राजभर मंगलवार के सांझ के शिवपाल से मुलाकात कईले रहले। ए मुलाकात प शिवपाल कहले कि सभे छोट दल के ए मोर्चा से जोड़े के कोशिश कईल जाता।

  • Share on:
Loading...