लालू यादव सीबीआइ कोर्ट में सरेंडर कईले, अदालत बिरसा मुंडा जेल भेजलस

लालू यादव सीबीआइ कोर्ट में सरेंडर कईले, अदालत बिरसा मुंडा जेल भेजलस

चारा घोटाला मामला में सजा काटत राजद प्रमुख अवुरी बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव गुरुवार के रांची के सीबीआई के विशेष न्यायाधीश एसएस प्रसाद के अदालत में सरेंडर कईले। लालू यादव के सरेंडर करते उनुका के हिरासत में लेके होटवार के बिरसा मुंडा भेज दिहल गईल। होटवार जेल में मेडिकल जांच के बाद उनुका के बेहतर इलाज खाती राजेंद्र इंस्टीट्यूट ऑफ मेडिकल साइंस (रिम्स) भेज दिहल जाई। लालू प्रसाद के वकील प्रभात कुमार के मुताबिक लालू यादव के कोर्ट से सीधा जेल भेजल जाई। ओकरा बाद जेल प्रशासन उनुका के रिम्स भेज दिही।

सीबीआई के स्पेशल कोर्ट में सरेंडर करे खाती लालू यादव बुधवार के पटना से रांची पहुंचल रहले। झारखंड हाई कोर्ट 30 अगस्त तक सीबीआई अदालत के सोझा आत्मसमर्पण करे के निर्देश देले रहे।

न्यायाधीश एस एस प्रसाद के सोझा सरेंडर कईला के बाद राजद प्रमुख लालू यादव के वकील प्रभात कुमार कहले कि लालू अलग-अलग बेमारी से पीड़ित रहले। एकरा प न्यायाधीश बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री के इलाज करत डॉक्टर से विचार विमर्श करे खाती बिरसा मुंडा जेल के डॉक्टर के निर्देशित कईले।

कोर्ट में सरेंडर करे से पहिले लालू यादव कहले कि उनुका न्याय व्यवस्था प पूरा भरोसा बा, जवन कोर्ट के आदेश होई ओकर पालन करीहे। उ कहले कि हमार कवनो इच्छा नईखे। हालांकि, लालू कहले कि रिम्स अस्पताल में सुविधा के कमी बा, उहां प इन्फेक्शन फैलल बा।

लालू यादव, पछिला कुछ दिन से जमानत प रहले, उ मुंबई में आपन इलाज करावत रहले। लालू के कोर्ट में सरेंडर करे से पहिले गुरुवार के झारखंड विकास मोर्चा के चीफ बाबूलाल मरांडी रांची में उनुका से मुलाकात कईले।

लालू से मुलाकात कईला के बाद बाबूलाल मरांडी कहले कि राजनीति के चलते भाजपा लालू यादव के निशाना बनावतिया। ए सरकार के बस चले त दलित के आवाज उठावे वाला प गोली चलवा दिही।

उहें, राष्ट्रीय जनता दल के झारखंड प्रदेश अध्यक्ष अन्नपूर्णा देवी कहली कि भारतीय जनता पार्टी सरकार जनता के आवाज दबावल चाहतिया। ए चलते लालू यादव के परेशान कईल जाता। उ कहली कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी उनुकर सरकार नईखे चाहत कि उनुका खिलाफ केहु कुछूओ बयान देवे। केहु उनुकर विरोध करे। ए चलते लालू अवुरी उनुका परिवार के तरह-तरह से प्रताड़ित कईल जाता। लेकिन राजद एकरा से घबराए वाली नईखे।

भाजपा प्रवक्ता प्रतुलनाथ शाहदेव लालू प्रसाद अवुरी उनुका से हमदर्दी राखे वाला सभे दल के नेता प निशाना सधले। शाहदेव कहले कि लालू प्रसाद बिल्कुल सेहतमंद बाड़े। उनुका चेहरा प मुस्कान बा। जवन बतावता कि उनुकर स्वास्थ्य पूरा तरह से ठीक बा। ए चलते उनुका के जेल भेजल जाए के चाही। श्री शाहदेव कहले कि लालू यादव के साथ देवे वाला सभे लोग जेल जाए के कतार में बाड़े।

मालूम रहे कि झारखंड हाईकोर्ट लालू प्रसाद यादव के जमानत बढ़ावे से इंकार क देले रहे। लालू यादव के वकील खराब स्वास्थ्य के हवाला देत जमात अवधि के तीन महीना बढ़ावे के कोर्ट से निहोरा कईले रहले।

झारखंड हाई कोर्ट लालू यादव के इलाज अवुरी बड़ बेटा तेजप्रताप यादव के बियाह में शामिल होखे खाती 10 मई के छव सप्ताह के अस्थाई जमानत देले रहे। जेकरा बाद अब करीब 110 दिन बाद उ जेल भेजल गईले।

  • Share on:
Loading...