दहेज खाती सनकी पति अपना पत्नी के बेरहमी से ईंट-पत्थर से कूच के हत्या कईलस, पति समेत परिवार फरार

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के जहानाबाद जिला में एगो सनकी पति दहेज खाती अपना पत्नी के पीट-पीट के हत्या क देलस। हत्या के बाद आरोपी आ ओकरा परिवार के लोग फरार हो गईले। पुलिस मामला दर्ज क आरोपी के गिरफ्तारी खाती छापामारी करतिया।

जहानाबाद जिला के परसबिगहा थाना क्षेत्र के मालीचक सोहरैया गांव में शुक्रवार के रात में राकेश कुमार अपना पत्नी गुड़िया देवी के ईंट-पत्थर से कूच के मुआ देले। ओकरा बाद राकेश अवुरी परिवार के बाकी लोग फरार बाड़े।

बतावल जाता कि महिला के पहिले ईंट-पत्थर से मारपीट के घाही क दिहल गईल। ओकरा बाद ओकरा चेहरा के ईंटा से कूच दिहल गईल, जवना से महिला के सभे दांत टूट गईल अवुरी एगो आंख बहरी निकल गईल। महिला के लाश देखला के बाद कहल जाता कि ओकरा पूरा शरीर के ईंट-पत्थर से कूचल बा। इहाँ तक कि ओकरा शरीर के चाकू से भी गोदल बा। शरीर के कवनो हिस्सा अयीसन नईखे जहां चोट नईखे पहुंचावल गईल।

मरेवाली महिला के भाई रविंद्र कुमार के बतवला मुताबिक, तीन साल पहिले उनुकर बहीन (गुड़िया) के बियाह भईल रहे। बियाह के दु साल तक सबकुछ ठीक ठाक रहल। पछिला कुछ समय से राकेश दहेज के मांग करत रहले। दहेज में कबहू भैंस त कबहू सोना के सिकड़ी (चैन) के मांग करत रहले।

रविंद्र बतवले कि उनुकर पिता कहले रहले कि पईसा इकट्ठा करते दे देब। उ कहले कि सोहरैया गांव में हमनी के दोसरों रिश्तेदार बाड़े। शनिवार के भोर में करीब चार बजे फोन आईल कि गुड़िया के हत्या क दिहल गईल। उहाँ पहुंचला के बाद देखल गईल कि घर में गुड़िया के लाश पड़ल बा अवुरी ससुराल के लोग फरार बाड़े।

परसबिगहा थाना के प्रभारी थानाध्यक्ष आशुतोष कुमार कहले कि हत्या के बाद आरोपी घर छोड़ के फरार बाड़े। मामला दर्ज क लिहल गईल। जल्दिए आरोपी के गिरफ्तारी क लिहल जाई।

  • Share on:
Loading...