खेसारी लाल यादव के चार हीरोइन घेरली, चटनी बन जाए के संभावना!

खेसारी लाल यादव के चार हीरोइन घेरली, चटनी बन जाए के संभावना!

सोची का होई जब खेसारी लाल यादव के चार-चार सुंदर लईकी घेरले होखे। सोची कि का होई जब खेसारी के घेरे वाली चारो लईकी के नाम अक्षरा सिंह, स्मृति सिन्हा, शुभी शर्मा आ काजल राघवानी होखे। का होई इ बतावल त तनिका मुश्किल काम बा लेकिन ए घटना के आंख से देखल जा सकता।

भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्‍टार खेसारी लाल यादव फिल्‍म 'बलम जी लव यू' में अयीसने होखेवला बा। ए फिल्म में पहिला बेर भोजपुरी सिनेमा के चार चर्चित हीरोइन के बीच खेसारी घेराईल लऊकिहे। हालांकि मामला पूरा तरह से फिल्मी बा लेकिन असल जीवन में अक्षरा सिंह, स्मृति सिन्हा, शुभी शर्मा आ काजल राघवानी के खेसारीलाल यादव संगे विशेष 'कनेक्‍शन' बा।

खेसारी के फिल्मी सफर के शुरुआत अक्षरा सिंह आ स्‍मृति सिन्‍हा के संगे भईल रहे। भोजपुरिया दर्शक ए लोग संगे खेसारी के जोड़ी के खूब पसंद कईले, लेकिन बाद के समय में खेसारी के संगे ए लोग के देखे के मौका कमे मिलल। लेकिन दशहरा प रिलीज होखे खाती तैयार 'बलम जी लव यू' में अक्षरा, स्मृति के फेर एक बेर खेसारी लाल यादव संगे देखे के मौका मिली।

ए फिल्म में खेसारी के रोल एगो सीधा-साधा आदमी के बाटे। जबकि अक्षरा सिंह आ स्मृति सिन्हा आ खेसारी के ठुमका के चर्चा अभिए से होखता। फिल्म से जुडल लोग के मुताबिक ए तीनों के ठुमका देखे के ढ़ेर लोग के धड़कन बढ़ जाई। ओने शुभी शर्मा तक जिला हिलावे में कवनों कसर नईखी छोड़ले।

हालांकि फिल्म में मुख्य भूमिका काजल राघवानी के बाटे, जवना के देखत चर्चा बा कि फिल्म में खेसारी लाल यादव के चटनी बनल तय बा।

  • Share on:
Loading...