छपरा आवत गंगा-कावेरी एक्सप्रेस बंधक बनल, ट्रेन के 5 कोच में भीषण डकैती, दर्जनों यात्री घाही

छपरा आवत गंगा-कावेरी एक्सप्रेस बंधक बनल, ट्रेन के 5 कोच में भीषण डकैती, दर्जनों यात्री घाही

भारतीय रेल आ रेल मंत्री के यात्री सुरक्षा से जुडल तमाम दावा के धज्जी उड़वात रविवार के रात चेन्नई से छपरा आवे वाली गंगा-कावेरी एक्सप्रेस में इलाहाबाद के आसपास अपराधी जमके लूटपाट कईले।

रविवार के आधा रात के आसपास बंदूक आ चाकू-तलवार से लैस अपराधी ट्रेन के पांच स्लीपर कोच के अपना कब्जा में ले लेले अऊरी तमाम कीमती समान आ नकदी लूट लेले। बतावल जाता कि अपराधी ए दौरान विरोध करेवाला यात्री संगे जमके मारपीट भी कईले, जवना में दर्जनों लोग के गंभीर चोट पहुंचल।

सूचना के मुताबिक ट्रेन संख्या 12669 गंगा-कावेरी एक्सप्रेस रविवार के रात करीब एक बजे सतना स्टेशन से खुलल रहे। ट्रेन जब मानिकपुर रेलवे स्टेशन के नजदीक पहुंचल त ट्रेन के कोच संख्या एस-9 में हथियार से लैस अपराधी लूटपाट शुरू कईले, आ धीरे-धीरे आसपास के बाकी कोच के अपना कब्जा में ले लेले।

करीब डेढ़ घंटा तक चलल लूटपाट अऊरी मारपीट के ए खेल में अपराधी ट्रेन के पांच कोच में सवार एक-एक यात्री के जेब आ समान के तलाशी लेले अऊरी तमाम कीमती समान लूट लेले। ए दौरान महिला अऊरी बच्चा तक अपराधी के शिकार बनली।

ट्रेन में सवार महिला यात्री इलाहाबाद में बतवली कि अपराधी ओ लोग संगे छीनाझपटी कईले अऊरी गहना उतारे तक के मौका ना देले। उ लोग बतवली कि अपराधी अपना मन से नाक, कान अऊरी गला के गहना खिंचले जेकरा चलते बहुत महिला यात्री के कान, नाक अऊरी गला कट गइल बा।

रविवार के रात 1:15 के आसपास शुरू भईल ए खेल के अपराधी 2:30 बजे तक अंजाम देले अऊरी ट्रेन जब पनहाई स्टेशन के नजदीक पहुंचल त चेन पुलिंग क के उतर गईले। अपराधी लोगन के ट्रेन से उतरला के बाद यात्री कसहूँ घटना के सूचना रेलवे आ 100 नंबर प पुलिस के देले लेकिन ट्रेन बीच के कवनो स्टेशन प ना रुकल।

गंगा-कावेरी एक्सप्रेस में सबकुछ लूटा चुकल आ गंभीर रूप से घाही यात्री रोवत-कंहरत सोमवार के सबेरे 5:30 बजे जब इलाहाबाद स्टेशन प पहुंचले त ओ लोग के मेडिकल सुविधा उपलब्ध करावल गइल आ पुलिस शिकायत दर्ज भईल।

इलाहाबाद रेल थाना से मिलल जानकारी के मुताबिक अपराधी कुछ यात्री प जानलेवा हमला कईले, जवना में तीन यात्री के हालत गंभीर बाटे। रेल पुलिस के एगो अधिकारी बतवले कि अपराधी कुछ यात्री के पेट में चाकू घोंप देले बाड़े, जवना के चलते तीन यात्री के हालत गंभीर बा। ए तीनों लोग के इलाज खाती इलाहाबाद के अस्पताल में भर्ती करावल बा।

उत्तर मध्य रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी गौरव कृष्ण बंसल घटना के पुष्टि करत कहले कि सतना से इलाहाबाद स्टेशन के बीच गंगा-कावेरी एक्सप्रेस के कुछ कोच में 'छिनैती' भईल बा। उ बतवले कि ट्रेन करीब 5:30 इलाहाबाद स्टेशन पहुंचल रहे जहां यात्री के शिकायत दर्ज भईल आ घाही लोग के प्राथमिक इलाज करावल गइल। ए दौरान ट्रेन करीब एक घंटा तक स्टेशन प खाड़ा रहे जवन कि सबेरे 6.26 बजे आगे खाती रवाना हो गइल।

  • Share on:
Loading...