अनुसूचित जाति/जनजाति कानून से केहु के प्रताड़ित ना कईल जाई, भाजपा लोग के बांटल चाहतिया

अनुसूचित जाति/जनजाति कानून से केहु के प्रताड़ित ना कईल जाई, भाजपा लोग के बांटल चाहतिया

बहुजन समाज पार्टी (बसपा) के सुप्रीमो मायावती सवर्ण के भारत बंद प हमला बोलत कहली कि भाजपा जाति के राजनीति करतिया। उ आरोप लगावत कहली कि भाजपा शासित राज्य में भारत बंद भाजपा खुद करवले बिया।

मायावती शुक्रवार के प्रेस कॉन्फ्रेंस क कहली कि एससी-एसटी कानून के विरोध करत लोग से उ कहल चाहतारी कि उनुका दिमाग में ए कानून से जुड़ल गलत धारणा बा कि ए कानून के दुरुपयोग कईल जाता। अयीसन नईखे कि अनुसूचित जाति अवुरी जनजाति के अलावे बाकी जाति के प्रताड़ित कईल जाई। उ कहली कि उनुका शासन काल में कबहू ए कानून के दुरुपयोग नईखे भईल।

मायावती आरोप लगवली कि भाजपा पर्दा के पीछे से खेल खेलतिया। चुनाव से पहिले जान बूझ के भाजपा शासित राज्य में सवर्ण से भारत बंद करवलस काहेंकि ओकरा आपन जनाधार खिसकत देखाई देता। भाजपा चुनाव से पहिले जाति-धर्म के नाम प लोग के बांटल चाहतिया। जाति-धर्म के मुद्दा प भटकावे के काम करतिया।

बसपा सुप्रीमो आगे कहली कि बहुजन समाज पार्टी सिर्फ दलित के ना बालुक पिछड़ल, सवर्ण अवुरी अल्पसंख्यक के भी पार्टी ह। बसपा सर्वजन हिताय अवुरी सर्वजन सुखाय के हितैषी ह। ए चलते बसपा के सरकार में ही पहिला बेर सवर्ण के आर्थिक रूप से आरक्षण देवे के मांग उठावल रहे।

मायावती कहली कि आरएसएस अवुरी भाजपा घिनौना राजनीति करतिया। भाजपा के शासन वाला राज्य में सबसे अधिका विरोध होखता। ए मामला में भाजपा साजिश करतिया अवुरी राजनीतिक स्वार्थ खाती एकर विरोध होखता।

  • Share on:
Loading...