माटी के दीवार ढहे से घर में सुतल पति-पत्नी के दबा के मौत

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में भारी बरखा आ तेज आँधी के चलते एगो घर के दीवार ढहे से पति-पत्नी के दबा के जगहे प मौत हो गईल। घटना के जानकारी मिलते मौका प पहुंचल पुलिस दुनों लाश के पोस्टमार्टम खाती भेज देलस।

घटना जहानाबाद जिला के बतावल जाता। जहां मखदुमपुर थाना क्षेत्र के कायमगंज गांव में गुरुवार के रात में माटी के मकान के दीवार गिरे से घर में सुतल पति-पत्नी दबा गईले। जवना से दुनो के जगहे प मौत हो गईल। मरेवाला के नाम बरजंगी पंडित अवुरी सुभज्ञा देवी बतावल जाता।

पड़ोस में रहेवाला रंजीत राम के बतवला मुताबिक रात में तेज आंधी आ बरखा के चलते घर के दीवार ढह गईल। जेकरा बाद गांव के लोग मौका प पहुँच के मिल-जुल के मलबा हटवले अवुरी मलबा में दबाइल पति-पत्नी के बहरी निकाल के दुनों के तुरंत अस्पताल पहुंचावल गईल। जहां डॉक्टर मरल घोषित क देले।

शुक्रवार के सबेरे घटना के जानकारी मिलते थानाध्यक्ष अवुरी मुखिया मौका प पहुंचले। प्रशासन के ओर से मरेवाला परिवार के 40 हजार रुपया मदद के भरोसा दिहल गईल। फिलहाल पुलिस दुनों लाश के पोस्टमार्टम खाती भेज देलस।

मरेवाला के परिवार के मुताबिक इंदिरा आवास खाती सरकार के ओर से कवनो राशि नईखे मिलल, जवना चलते माटी के मकान में रहे खाती परिवार मजबूर बा।

  • Share on:
Loading...