बियाह के रिश्ता लेके आईल लोग के चोर समझ के पीटाई, एक के मौत

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बियाह खाती रिश्ता लेके पहुंचल चार लोग के भीड़ चोर समझ के बरियार मार मरलस जवना से एक आदमी के अस्पताल में मौत हो गईल। बतावल जाता कि झारखंड के डाल्टनगंज में बियाह खाती बात करे चार लोग पहुंचले। जहां लईकी चोर-चोर कह के हल्ला मचावे लागल। जेकरा बाद गांव के लोग पहुँच के पीटे शुरू क देले।

मिलल जानकारी के मुताबिक बिहार के औरंगाबाद के रहेवाला बबलू मूसहर अपना तीन साथी के संगे पलामू के एगो गांव में रहेवाला लल्लू मूसहर के घरे उनुकर बेटी सुनीता से बियाह खाती बात करे पहुंचल रहले।

पलामू के एसपी बतवले कि 4 सितंबर के जब उ चारो लोग लल्लू के घरे पहुंचले त सुनीता ओ लोग के चोर-चोर कह के शोर मचावे लगली। सुनीता के आवाज सुन के गांव के लोग पहुँचले अवुरी बबलू आ उनुका साथी के पीटे लगले।

बतावल जाता कि ए बीच एक दोस्त उहाँ से केहु तारे भाग गईल। जबकि तीनों दोस्त के लोग बरियार मार मरले अवुरी समूचा गांव घुमवले। घटना में बबलू अवुरी उनुकर दु साथी घाही हो गईले। जेकरा के इलाज खाती अस्पताल में भर्ती करावल गईल।

अस्पताल में भर्ती एक दोस्त के इलाज के दौरान मौत हो गईल। बबलू के दोस्त गुड्डू मूसहर के कहनाम बा ओ लोग के समझ में नईखे आवत कि जब उ लोग लल्लू से मिले उनुका घरे पहुंचले त सुनीता ओ लोग के चोर काहें समझ लिहली।

घटना के सूचना मिलला के बाद पुलिस के मौका प पहुंचते लोग भड़क गईले अवुरी हंगामा मचावे लगले। जेकरा बाद खिसियाइल भीड़ के काबू में करे खाती पुलिस के हवाई फायरिंग करे के पड़ल।

  • Share on:
Loading...