चलs चाह पिहिंजा

चलs चाह पिहिंजा

चलs चाह पिहिंजा
मन बड़ा भारी बा ।

कोहरा के पोखरा में
डूबल बा भोर
महुआ के खोंढ़रा में
ठिठुरल बा ठोर

काम बा ना धाम बा
बजरल बेकारी बा ।

पछिम बंगाल बाटे
पुरुब बिहार बा
शहर के चउक के
बुत चौकीदार बा,

तू तू आ मैं मैं में
थउसल इयारी बा ।

आपन आपन जाति प
सभे के नाज बा
बूटवा के बर्दी के
सड़क प राज बा

शहर-शहर गाँव- गाँव
जंग अभी जारी बा ।

  • Share on:
Loading...