भोजपुरिया हीरोइन सामूहिक बलात्कार के शिकार होखे से बाल-बाल बाचल

भोजपुरिया हीरोइन सामूहिक बलात्कार के शिकार होखे से बाल-बाल बाचल

राजधानी दिल्ली से सटल उत्तर प्रदेश के नोएडा में भोजपुरी सिनेमा के एगो हीरोइन तीन युवक के हवस के शिकार होखे से बाल-बाल बाच गईल। हालांकि ए घटना में आरोपी पीड़ित अभिनेत्री के शरीर के कपड़ा फाड़ देले अऊरी ओकरा के उठा के झाड़ी में ले जाए के प्रयास कईले।

मिलल जानकारी के मुताबिक सबेरे-सबेरे टहले खाती निकलल अभिनेत्री के 3 युवक पहिले घेरले फेर अंट-शंट बोलत छेड़छाड़ करे लगले। अभिनेत्री जब छेड़खानी के विरोध कईलस त आरोपी ओकरा संगे मारपीट कईले अऊरी उठा के झाड़ी में ले जाए लगले। एह दौरान अभिनेत्री जब अपना के छोड़ावे के प्रयास कईलस त आरोपी ओकरा के दांते से जगह-जगह काट देले।

बतावल जाता कि मूल रूप से पूर्वी उत्तर प्रदेश के रहेवाली अभिनेत्री कुछ दिन पहिले अपना एगो रिश्तेदार के घरे नोएडा आईल रहली। पुलिस के मुताबिक शनिवार के सबेरे जब अभिनेत्री टहलत सदरपुर कॉलोनी से नोएडा के सेक्टर-43 के ओर जाए लगली त राह में उनुका के तीन युवक घेर लेले।

आरोपी युवक पहिले अभिनेत्री संगे अश्लील छेड़छाड़ कईले, लेकिन बाद में उ लोग अभिनेत्री के उठा के झाड़ी में ले जाए लगले। ए दौरान अभिनेत्री जब विरोध कईली त आरोपी उनुकर कपड़ा फाड़ देले अवुरी जगह-जगह दांते काट देले।

शनिवार के सबेरे भईल ए घटना के समय जब आसपास मौजूद लोग के नज़र गईल अऊरी उ लोग अभिनेत्री के बचावे खाती दऊरले त आरोपी छोड़ के भाग गईले। घटना के बाद पीड़िता सेक्टर 39 के पुलिस थाना पहुंचली आ घटना के जानकारी देत तीन अनाम युवक के खिलाफ मामला दर्ज करवली।

सेक्टर-39 थाना के इंस्पेक्टर अमित कुमार सिंह बतवले कि पीड़ित हीरोइन मूलरूप से उत्तर प्रदेश के गाजीपुर जिला के निवासी हई अऊरी कुछ दिन पहिले नोएडा के सदरपुर में अपना एगो रिश्तेदार के घरे आईल रहली।

उ बतवले कि अभिनेत्री के शिकायत प मामला दर्ज क लिहल बा अऊरी घटना के जगह के आसपास लागल सीसीटीवी कैमरा के वीडियो के मदद से आरोपी लोगन के पहचान करावे के प्रयास कईल जाता।

  • Share on:
Loading...