भउजाई से दुष्कर्म के कोशिश में नाकाम देवर कमरा में बंद क पिटाई कईलस

प्रतिकात्मक तस्वीर

प्रतिकात्मक तस्वीर

बिहार में महिला से दुष्कर्म करे के कोशिश में नाकाम युवक महिला के मारपीट के घाही क देलस। जेकरा बाद पीड़ित महिला थाना पहुँच के प्राथमिकी दर्ज करवलस। मौका प पहुंचल पुलिस युवक के गिरफ्तार क जेल भेज देलस।

बतावल जाता कि जहानाबाद जिला के कड़ौना उपथाना क्षेत्र के चिरैयाटांड़ गांव में अपना चचेरी भउजाई के संगे देवर दुष्कर्म करे के कोशिश करत रहे। जवना के विरोध करे प देवर अपना भउजाई के मारपीट के घाही क देलस। ओकरा बावजूद महिला हार ना मानत आरोपी के एगो कमरा में बंद क देलस अवुरी पुलिस के घटना के सूचना देलस। मौका प पहुंचल पुलिस युवक के गिरफ्तार क लेलस।

पीड़ित महिला थाना पहुँच के आपन चचेरा देवर धर्मेंद्र चौधरी प नामजद प्राथमिकी दर्ज करवलस। दर्ज प्राथमिकी में महिला कहलस कि सोमवार के रात के करीब एक बजे धर्मेंद्र ओकरा घर में हसुआ लेके घुस गईले अवुरी ओकरा संगे जबर्दस्ती दुष्कर्म करे के कोशिश करे लगले। महिला बतवलस कि धर्मेंद्र तीन-चार साल से ओकरा संगे गलत हरकत करे के कोशिश करत रहले।

जब महिला एकर विरोध कईलस त धर्मेंद्र ओकर पिटाई करे लगले, जवना से महिला घाही हो गईल। घाही महिला आपन इज्जत बचावत केहु तारे कमरा से बहरी निकल के बहरी से दरवाजा बंद क देलस। कमरा से बहरी निकलला के बाद महिला हल्ला मचावे लागल जेकर आवाज सुन के आस-पास के लोग जुट गईले अवुरी रात भर युवक के कमरा में बंद क राखल गईल।

अगिला दिन गाँव के लोग पुलिस के घटना के सूचना देले। सूचना पाके कड़ौना उपथाना के पुलिस मंगलवार के महिला के घरे पहुंच के आरोपी युवक के गिरफ्तार क जेल भेज देलस।

  • Share on:
Loading...