नीतीश समीक्षा के अलावे का करेले, रामविलास के बेटी कहली- पिता के खिलाफ राजद के टिकट प चुनाव लड़िहे

नीतीश समीक्षा के अलावे का करेले, रामविलास के बेटी कहली- पिता के खिलाफ राजद के टिकट प चुनाव लड़िहे

बिहार में बढ़त अपराध प राजद नेता आ पूर्व उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प निशाना साधत कहले कि नीतीश कुमार समीक्षा के अलावे दोसर कवन काम करेले। समीक्षा खत्म होखला के बाद उनुका लागेला कि बिहार में अपराध खत्म हो गईल।

तेजस्वी यादव साफ कहले कि कवनों कार्रवाई नईखे होखत नाही अपराधी के मन में भय होखता। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के जनता अवुरी मीडिया के सोझा आके अपराध के रोके खाती योजना के बारे में बतावे के चाही लेकिन जदी उ सोझा नईखन आवत त एकर मतलब दाल में करिया बा।

मालूम रहे कि जवना दिन मुख्यमंत्री अधिकारी के संगे कानून-व्यवस्था प समीक्षा बैठक करत रहले, ओहि दिन दु हत्या हो गईल। दोसरा दिन सबेरे-सबेरे दु हत्या अवुरी हो गईल। लगातार होखत अपराधिक घटना अवुरी भीड़ के ओर कानून के अपना हाथ में लेवे जाए के बढ़त घटना प कानून-व्यवस्था प सवाल उठे लागल बा।

उहें, केंद्रीय मंत्री रामविलास पासवान के बेटी आशा पासवान आपन पिता के खिलाफ मोर्चा खोल देली। उ घोषणा करत कहली उ अपना पिता के खिलाफ राजद के टिकट प चुनाव लड़िहे।

लालू यादव के चाचा अवुरी तेजस्वी आ तेज प्रताप यादव के आपन छोट भाई बतावत आशा पासवान कहली कि उनुका के जदी राजद टिकट देलस त उ हाजीपुर से पिता (रामविपस पासवान) के खिलाफ चुनाव लड़ सकतारी।

आशा आरोप लगवली कि उनुकर पिता हमेशा उनुकर भाई चिराग पासवान के आगे बढ़ावे के बारे में सोचले बाड़े, बेटी के बारे में कबहू नईखन सोचले। आशा कहली कि उनुकर अनदेखी भईल बा, काहेकि उनुकर पिता बेटी के संगे भेदभाव करेले।

  • Share on:
Loading...