बिहार में नीतीश एनडीए के चेहरा होईहे, सीट बंटवारा प जल्दिए घोषणा होई: जदयू

बिहार में नीतीश एनडीए के चेहरा होईहे, सीट बंटवारा प जल्दिए घोषणा होई: जदयू

आवेवाला साल 2019 के लोकसभा चुनाव खाती बिहार में एनडीए के बीच सीट बंटवारा प जदयू के महासचिव आरसीपी सिंह शुक्रवार के कहले कि जल्दिए सीट बंटवारा के घोषणा क दिहल जाई। सीट बंटवारा प एनडीए में लगभग बात हो गईल बा। ए चलते जल्दिए एकर घोषणा हो जाई।

आरसीपी सिंह कहले कि एनडीए में सीट बंटवारा के कबहू मुद्दा नईखे रहल। उ कहले कि बिहार में नीतीश कुमार एनडीए के चेहरा होईहे। हालांकि बड़ भाई छोट भाई के मुद्दा प उ कहले कि लोकतंत्र में केहु बड़ चाहे छोट ना होखेला। लोकतंत्र में सभके आपन सम्मान बा।

सिंह कहले कि अबकी बेर लोकसभा चुनाव में टिकट देवे में युवा के खास ध्यान राखल जाई।

मालूम रहे कि सीट बंटवार प भाजपा-जदयू के कई वरिष्ठ नेता कहले रहले कि सीट बंटवारा प फैसला जल्दी हो जाए के चाही। सीट बंटवारा हो जाए से चुनाव के तैयारी में आसानी होई। जदयू के वरिष्ठ नेता केसी त्यागी कहले रहले कि सीट बंटवारा प फैसला लेवे में अब देरी ना करे के चाही।

सीट बंटवारा प रोलसपा कहलस कि ओकरा से कवनों तरह के बात नईखे भईल। मीडिया में सीट बंटवारा प आईल आंकड़ा से रालोपसा के नेता उपेंद्र कुशवाहा 2 सीट देवे जाए प आपत्ति जतवले रहले। हालांकि उपेंद्र कुशवाहा के बारे में महागठबंधन संगे जाए के चर्चा चलता।

  • Share on:
Loading...