ब्राह्मण महासभा नीतीश सरकार के सवर्ण मंत्री के आवास के घेराव करत नतीजा भोगे खाती तैयार रहे के कहलस!

ब्राह्मण महासभा नीतीश सरकार के सवर्ण मंत्री के आवास के घेराव करत नतीजा भोगे खाती तैयार रहे के कहलस!

एससी/एसटी कानून प शुक्रवार के ब्राह्मण महासभा बिहार सरकार में शामिल सवर्ण मंत्री के आवास के घेराव कईलस। महासभा के ओर से सवर्ण के इंसाफ दिआवे चाहे फिर चुनाव में नतीजा भोगे खाती तैयार रहे के चेतावनी दिहल गईल। उहें मंत्री सवर्ण के विपक्ष के ओर से गुमराह करे जाए के आरोप लगवले।

बिहार सरकार के उद्योग मंत्री जय कुमार सिंह के आवास प ब्राह्मण महासभा के सैकड़ों कार्यकर्ता मंत्री के आवास के घेराव कईले। मंत्री के आवास के घेराव करत ब्राह्मण महासभा के कार्यकर्ता के मांग सिर्फ एकही रहे कि एससी/एसटी कानून के माध्यम से सवर्ण के दबावे के कोशिश बंद होखे के चाही।

जानकारी के मुताबिक सवर्ण युवा के विरोध सिर्फ जय कुमार सिंह के आवास तक सीमित ना रहल। ब्राह्मण महासभा के कार्यकर्ता मंत्री बिनोद नारायाण झा के आवास के घेराव कईले। एकरा संगही सवर्ण समाज से आवेवाला मंत्री के आवास प प्रदर्शनकारी घेराव कईले।

बिहार सरकार के मंत्री जय कुमार सिंह एससी/एसटी कानून मामला में सवर्ण के गुमराह करे जाए के आरोप लगवले। एससीएसटी कानून से जुड़ल जवना तरह से सवर्ण के आक्रोश लगातार बढ़त जाता, सवर्ण समाज के नेता के चिंता बढ़त जाता। काहेकि मामला वोट बैंक के बा अवुरी चुनाव बिल्कुल नजदीक बा। अयीसना में एससी/एसटी कानून से जुड़ल सवर्ण समाज के समझावल नेता खाती भारी चुनौती बन गईल।

मंत्री विजय सिन्हा सवर्ण के आरक्षण के मांग प कहले कि आरक्षण भोगी सम्पन्न लोग अपना मर्जी से आरक्षण के त्याग क देस। जरूरतमंद लोग के आरक्षण मिले के चाही।

  • Share on:
Loading...