विजय माल्या के भगावे खाती प्रधानमंत्री मोदी लुकआउट नोटिस बदलवा देले! : राहुल

विजय माल्या के भगावे खाती प्रधानमंत्री मोदी लुकआउट नोटिस बदलवा देले! : राहुल

कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी भगोड़ा कारोबारी विजय माल्या के मामला में शुक्रवार के केंद्र सरकार प फिर हमला बोलत कहले कि इ समझ से बहरी बा कि अतना बड़ मामला में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के बिना अनुमति के सीबीआई लुकआउट नोटिस बदलले होई।

राहुल गांधी कहले कि, "सीबीआइ बड़ा खामोशी से डिटेन नोटिस के इन्फॉर्म नोटिस में बदल देलस, जवना से माल्या देश से बहरी भागे सकले। सीबीआई सीधा प्रधानमंत्री के रिपोर्ट करेले। अयीसना में इ समझ से बहरी बा कि अतना बड़ अवुरी विवादित मामला में सीबीआई प्रधानमंत्री के बीना अनुमति के लुकआउट नोटिस बदलले होई।"

राहुल गांधी गुरुवार के भी ए मामला में नरेंद्र मोदी सरकार प निशाना साधत आरोप लगवले रहले कि 'जेटली के मिलीभगत' से माल्या भागे में सफल रहले।

दरअसल, माल्या बुधवार के कहले कि उ भारत से आवे से पहिले वित्त मंत्री से मिलल रहले अवुरी बैंक के संगे मामला के निपटारा करे के पेशकश कईले रहले। ओने, वित्त मंत्री जेटली माल्या के बयान के झूठ बतावत कहले कि उ साल 2014 के बाद उनुका के कबहू मिले के समय ना देले रहले।

जेटली कहले कि माल्या राज्यसभा सदस्य के तौर प हासिल विशेषाधिकार के दुरुपयोग करत संसद-भवन के गलियारा में उनुका भीरी आ गईल रहले।

  • Share on:
Loading...