विसर्जन जुलूस के दौरान जानवर से भरल गाड़ी के भीड़ आगे के हवाले कईलस

फ़ाइल फोटो

फ़ाइल फोटो

गणेश पूजा के मूर्ति विसर्जन के दौरान अचानक भईल एगो घटना में भीड़ जानवर लेके जात एगो पिकअप के आग के हवाले क देलस। हालांकि गाड़ी में आग लगावे से पहिले जानवर के उतार दिहल रहे। भीड़ के मन-मिजाज के देखत गाड़ी के ड्राईवर अऊरी गाड़ी में सवार बाकी दु लोग गाड़ी छोड़ के भाग गईल रहले।

मिलल जानकारी के मुताबिक झारखंड के धनबाद में जरिडीह थाना क्षेत्र के तहत तुपकाडीह में गणेश पूजा के मूर्ति के विसर्जन करे जात लोग के नज़र सड़क के किनारा खाड़ा एगो पिकअप प परल। पिकअप के डाला चारो से बंद रहे लेकिन हलचल होखत रहे।

गाड़ी में होखत हलचल के देख के जब कुछ लोग नजदीक पहुंचले अऊरी ताक-झाँक कईले त पाता चलल कि गाड़ी के डाला में जानवर लोड़ बा। गाड़ी फूसरो से जरिडीह आवे वाला रोड़ प खाड़ा रहे।

घटना के समय मौका प मौजूद लोग के मुताबिक भीड़ के अपना ओर बढ़त देख गाड़ी में सवार ड्राईवर समेत तीन लोग गाड़ी छोड़ के भाग गईले। गाड़ी में सवार लोग के भागत देख विसर्जन जुलूस में शामिल लोग उग्र हो गईले अऊरी जानवर के गाड़ी से उतार के ओकरा में आग लगा देले।

घटना के सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल पुलिस कसहूँ समझा-बुझा के लोग के शांत करवलस लेकिन एह बीच गाड़ी पूरा तरीका से जर के राख़ हो चुकल रहे। हालांकि अभी तक इ नईखे मालूम कि राख़ हो चुकल गाड़ी के मालिक के ह, उ काहाँ से जानवर लेके काहाँ जात रहे।

पुलिस फिलहाल के मामला के जांच करतिया अऊरी जुलूस में शामिल लोग से गाड़ी में सवार लोग के बारे में सूचना जुटावे के प्रयास कईल जाता।

  • Share on:
Loading...