बेटी के बलात्कार के बाद हत्या करेवाला बाप गिरफ्तार, महतारी समेत पूरा परिवार नामजद

बेटी के बलात्कार के बाद हत्या करेवाला बाप गिरफ्तार, महतारी समेत पूरा परिवार नामजद

बिहार के रोहतास जिला के निवासी परिवार के नाबालिग बेटी अपना पिता के दुष्कर्म के आदत से तंग आके जान दे देलस। घटना झारखंड में कोडरमा जिला के तिलैया थाना क्षेत्र के तहत बजरंगनगर में भईल।

ए मामला में मरेवाली लईकी के मामा मदन साह अपना जीजा क्रांति कुमार साह प दुष्कर्म के बाद हत्या करे के आरोप मामला दर्ज करवले बाड़े। लईकी के मामा के मुताबिक उनुकर जीजा अपना तीसरी पत्नी के मदद से उनुका भगिनी संगे दुष्कर्म कईले अऊरी बाद में ओकरा के पंखा से लटका के हत्या क देले।

पुलिस के दिहल बयान में लईकी के मामा मदन साह बतवले कि 2001 में क्रांति कुमार के बियाह के उनुका बहीन सुशीला से भईल रहे। बियाह के एक साल बाद सुशीला एगो बेटी के जन्म दिहली, लेकिन दहेज खाती क्रांति कुमार अऊरी उनुका परिवार के रोज-रोज व्यवहार से तंग आके नईहर चल अईली।

तब क्रांति कुमार अपना बेटी के अपना लगे राख़ लेले रहले। दहेज से जुडल ए मामला के सुनवाई फिलहाल बिहार सासाराम के अदालत में चलता। मदन साह के दावा बा कि क्रांति कुमार उनुका भगिनी कलावती कुमारी (मरेवाली लईकी) के हमेशा तंग करत रहले अऊरी ओकरा संगे मारपीट करत रहले।

घटना के जानकारी देत मदन साह पुलिस के बतवले कि 20 सितंबर के सांझ करीब 7 बजे उनुका के फोन प सूचना मिलल कि कलावती कुमारी के लाश पंखा से लटकत मिलल बा। जब मदन साह तिलैया पहुंचले त पाता चलल कि पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खाती अस्पताल ले गइल बिया।

एह बीच क्रांति कुमार के पड़ोसी मदन साह के बतवले कि घटना के समय क्रांति के घर से बहुत भयानक आवाज़ आवत रहे। लागत रहे कि केहु संगे कवनो प्रकार के ज़ोर-ज़बरदस्ती कईल जाता। ए जानकारी के मिलला के बाद मदन साह थाना पहुंचले अऊरी लिखित आवेदन देके अपना जीजा अऊरी परिवार बाकी सदस्य के खिलाफ बलात्कार अऊरी हत्या के आरोप लगावत मामला दर्ज करवले।

पुलिस मामला दर्ज कईला के बाद आरोपी पिता क्रांति कुमार साह अऊरी उनुका पत्नी के गिरफ्तार क लेले बिया। पोस्टमार्टम रिपोर्ट के मुताबिक कलावती कुमारी के गरदन के हड्डी एकदम ठीक बा, जवन कि आत्महत्या करे के स्थिति में टूट गईल चाहत रहे। पोस्टमार्टम करेवाला मेडिकल बोर्ड के मुताबिक पोस्टमार्टम से मौत के कारण साफ नईखे, लेकिन एक बात साफ बा कि मामला आत्महत्या के नईखे।

  • Share on:
Loading...