पटना घूमे आईल स्कूली बच्चा फुटपाथ प रात बितवले, राजद कहलस- नीतीश सिर्फ टिकट बंटवारा में लागल बाड़े

पटना घूमे आईल स्कूली बच्चा फुटपाथ प रात बितवले, राजद कहलस- नीतीश सिर्फ टिकट बंटवारा में लागल बाड़े

बिहार दर्शन योजना के तहत राज्य के अलग-अलग हिस्सा से स्कूली बच्चा के राजधानी पटना घूमावे खाती ले आवल जाता। लेकिन आपात स्थिति में उनुका ठहरे खाती कवनों समुचित व्यवस्था तक नईखे। जानकारी के मुताबिक, मंगलवार के पूर्वी चंपारण जिला के कोटवा प्रखंड के राजकीय उत्क्रमित मध्य विद्यालय मच्छरगावां के बच्चा के स्कूल प्रबंधन के ओर से मुख्यमंत्री दर्शन योजना के तहत पटना घुमावे खाती ले आवल गईल रहे।

ए दौरान स्कूली बच्चा के पटना के बाकी जगह के अलावे चिड़ियाघर घुमावल गईल। चिड़ियाघर घुमावे के बाद जब देरी हो गईल त स्कूल के छोट-छोट बच्चा के चिड़ियाघर के बहरी रात भर सड़क के किनारा फुटपाथ प सुता दिहल गईल।

राजधानी में मोतिहारी के सरकारी स्कूल के बच्चा रात भर सड़क किनारा सुतल रहले लेकिन ए बच्चा प ना त पटना के कवनो सरकारी अधिकारी अवुरी नाही पेट्रोलिंग में लागल पुलिस टीम के नजर पड़ल।

पटना के चिड़ियाघर के बहरी स्कूली बच्चा के सुते के मामला खबर में आवते राजनीतिक बयानबाजी शुरू हो गईल। जदयू प्रवक्ता नीरज कुमार कहले कि समूचा मामला के जांच चलता। ए मामला में लापरवाही करेवाला प कार्रवाई कईल जाई।

नीतीश सरकार प आरोप लगावत राजद के नेता शिवचंद्र राम कहले कि सड़क प बच्चा के सुतावे खाती नीतीश सरकार दोषी बिया। उ कहले कि नीतीश कुमार सिर्फ टिकट के बंटवारा में लागल बाड़े। घटना प शिक्षा मंत्री के जवाब देवे के चाही।

  • Share on:
Loading...