50 हजार रुपया रंगदारी ना देवे प अपराधी दिनदहाड़े व्यापारी के गोली मरले

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में पुलिस के डर से पूरा तरह से बेखौफ हो चुकल अपराधी रंगदारी ना देवे प एगो व्यापारी के गोली मार देले। गोली लागे से घाही व्यापारी के इलाज खाती अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां ओकर इलाज चलता। घटना जहानाबाद के नगर थाना क्षेत्र के बाजार समिति के बतावल जाता।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक जहानाबाद जिला में पचास हजार रुपया रंगदारी ना देवे प आपराधी सरेआम फल व्यापारी के गोली मार के घाही कर देले। गोली के आवाज सुनला के बाद आसपास के लोग जुट गईले अवुरी खदेड़ के एगो अपराधी के पकड़ लिहले आ ओकरा के बरियार मार मरले।

बतावल जाता कि पकडाईल अपराधी के भीरी से एक लोडेड देशी कट्टा बरामद भईल बा। व्यापारी शिव शंकर प्रसाद बतवले कि बाजार समिति फल मंडी में दु अपराधी पहुंचले अवुरी 50 हजार रुपया के मांग करे लगले।

व्यापारी शिव शंकर प्रसाद बतवले कि जब उ रंगदारी देवे से माना कईले त अपराधी पिस्तौल निकाल के उनुका प गोली चला देले। ए बीच उनुका भाई के अपराधी पिस्तौल के बट से मार के घाही क देले। गोली के आवाज सुन के आसपास के लोग जुट गईले अवुरी एक अपराधी के पकड़ के जम के धुनाई कईले।

पकडाईल अपराधी के नाम गोलू शर्मा बतावल जाता जवन शकुराबद थाना के नोआवां गांव के रहेवाला ह। घटना के सूचना मिलते स्थानीय पुलिस मौका प पहुंच के अपारधी के गिरफ्तार क लेलस। फिलहाल पुलिस मामला दर्ज क छानबीन करतिया।

बेखौफ हो चुकल अपराधी एकरा से पहिले गुरुवार के तीन लोग के गोली मार देले। जवना में एक आदमी के जगहे प मौत हो गईल अवुरी गंभीर रूप से घाही 2 लोग के इलाज चलता।

  • Share on:
Loading...