वसूली के पईसा खाती पुलिसकर्मी आपस में भिड़ले, बीच सड़क प एक दोसरा के लाठी-डंडा से पीटले

वसूली के पईसा खाती पुलिसकर्मी आपस में भिड़ले, बीच सड़क प एक दोसरा के लाठी-डंडा से पीटले

बिहार में वसूली के पईसा के बंटवारा खाती दु पुलिसकर्मी बीच सड़क प भीड़ गईले। वसूली के पईसा के बंटवारा खाती पुलिसकर्मी के बीच भईल भिड़ंत के कथित तौर प वीडियो सोशल मीडिया में वायरल होखता। वीडियो में ड्यूटी प तैनात सिपाही आपस में जम के मारपीट करतारे। एक-दोसरा प लाठी चलावत पुलिकर्मी के इ वीडियो बिहार के शेखपुरा जिला के बतावल जाता।

बतावल जाता कि शेखपुरा जिला के बरबीघा थाना के दुनों जवान रविवार के दिन भर सड़क प चलत गाड़ी से पईसा के वसूली कईले। लोग के डेरवा-धमका के दिनभर के वसूल कईल पईसा के बंटवारा के चक्कर में दुनों जवान के बीच सांझ के विवाद शुरू हो गईल। फिर का रहे दुनों नियम अवुरी पुलिस के वर्दी के गरिमा के ताख प राखत एक दोसरा प डंडा से हमला करे लगले।

नोक-झोंक से शुरू भईल विवाद अतना बढ़ गईल कि कानून-व्यवस्था के पटरी प राखे के जिम्मेवारी कंधा प उठावे वाला जवान एक दोसरा के लाठी-डंडा से पीटे लगले।

ए बीच ए समूचा घटना के मौका प मौजूद लोग लुका छिपा के अपना मोबाइल से वीडियो बना लिहले अवुरी ओकरा के सोशल मीडिया प वायरल क दिहल गईल। जानकारी के मुताबिक सड़क प लाठी भांजे वाला पुलिसकर्मी होमगार्ड के जवान हवे। दुनों में से एक के नाम चंद्रशेखर प्रसाद बतावल जाता।

पुलिस अधिकारी वीडियो के सोझा अईला के बाद दुनों दोषी जवान प उचित कानूनी कार्रवाई करे के बात कहतारे।

  • Share on:
Loading...