शिक्षक के सेल्फी से शिक्षा के स्तर में सुधार होई, बिहार सरकार के नया फरमान

सोमवार से लागू भईल सेल्फी भेजे वाला आदेश के बाद अधिकांश स्कूल के शिक्षक धड़ाधड़ सेल्फी लेत लऊकले।

सोमवार से लागू भईल सेल्फी भेजे वाला आदेश के बाद अधिकांश स्कूल के शिक्षक धड़ाधड़ सेल्फी लेत लऊकले।

बिहार के नीतीश सरकार के लागता कि शिक्षक के सेल्फ़ी राज्य के शिक्षा व्यवस्था में बड़ बदलाव ले आई। राज्य के लाचार हो चुकल शिक्षा व्यवस्था के प्रभावी बनावे खाती बिहार सरकार के शिक्षा विभाग एगो नाया आदेश जारी कईले बा। ए आदेश के मुताबिक शिक्षक के सेल्फ़ी लिहल जरूरी बाटे।

शिक्षा विभाग के ओर से जारी आदेश के मुताबिक स्कूल में शिक्षक के हाज़िरी के पक्का करे खाती शिक्षा के रोज एगो सेल्फी लेवे होई। सरकार के लागता कि अयीसन कईला से शिक्षक रोज स्कूल पहुंचिहे अऊरी राज्य के तबाह हो चुकल शिक्षा व्यवस्था फेर से पटरी प आ जाई।

आदेश के मुताबिक शिक्षक के स्कूल पहुंचला के तुरंत बाद एगो सेल्फी लेवे के होई, जवना के शिक्षा विभाग के भेजे के होई। सेल्फी के संगे शिक्षक के इहो बतावे के होई कि सेल्फी कतना बजे लिहल बा। विभाग के मंशा बा कि अयीसन कईला से समय प स्कूल ना आवे वाला अऊरी स्कूल जाए में देरी करेवाला शिक्षक प दबाव बनी आ उ लोग समय से स्कूल आवे लगिहे।

जिला शिक्षा विभाग के व्हाट्सऐप नंबर प सेल्फी भेजे वाला ए आदेश के मुताबिक जवन शिक्षक सेल्फी ना भेजिहे, उनुका के ओ दिन अनुपस्थित मान लिहल जाई आ उनुका खिलाफ विभाग कार्रवाई होई। हालांकि शिक्षा विभाग इ साफ नईखे कईले कि जवना शिक्षक लगे सेल्फी आ व्हाट्सऐप वाला मोबाइल नईखे, उ लोग का करीहे?

सोमवार के बिहार के कटिहार जिला में लागू भईल ए आदेश के बाद जिला के अधिकांश स्कूल के शिक्षक धड़ाधड़ सेल्फी लेत लऊकले। खबर बा कि कटिहार के संगे-संगे भोजपुर में भी ए व्यवस्था के लागू करे के आदेश जारी भईल बा।

  • Share on:
Loading...