राम मंदिर मुद्दा एनडीए के एजेंडा में कबहू नईखे रहल: केसी त्यागी

राम मंदिर मुद्दा एनडीए के एजेंडा में कबहू नईखे रहल: केसी त्यागी

आवेवाला लोकसभा चुनाव 2019 से जुड़ल भारतीय जनता पार्टी एक बेर फिर राम मंदिर के मुद्दा के हवा देवे शुरू क देले बिया। कोशिश कईल जाता कि आवेवाला चुनाव खाती एकरा के एक बेर फिर जनता के बीच ले जाके एकर फायदा उठावल जाए। ए सब के बीच अयोध्या में राम मंदिर के निर्माण से जुड़ल राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के प्रमुख मोहन भागवत, भाजपा सांसद साक्षी महाराज समेत कई नेता लगातार बयान देतारे।

अयोध्या में राम मंदिर के निर्माण खाती बेशक संघ प्रमुख मोहन भागवत चाहे भाजपा के सांसद साक्षी महाराज समेत दूसर नेता बात करत होखस लेकिन भाजपा के सहयोगी दल के ए मुद्दा प कुछ अलग राय बा। जदयू साफ तौर से कहलस कि राम मंदिर मुद्दा एनडीए के एजेंडा में कबहू नईखे रहल।

जदयू प्रवक्ता केसी त्यागी साफ कहले कि राम मंदिर मुद्दा एनडीए के एजेंडा में ना पहिले रहे अवुरी नाही आज बा। उ कहले कि इ भाजपा चाहे ओकरा से जुड़ल दोसर संगठन के मांग अवुरी कार्यक्रम हो सकता लेकिन जतना घटक एनडीए के भीतर पहिले से शामिल रहल बाड़े, उनुकर कवनो प्रतिबद्धता राम मंदिर खाती नईखे।

त्यागी कहले कि एनडीए के गठन के दौरान जॉर्ज फर्नांडीज, नीतीश कुमार, अटल बिहारी वाजपेयी अवुरी आडवाणी जी में जवन समझदारी बनल रहे, नेशनल एजेंडा फॉर गवर्नेंस ओकरा तहत ए मुद्दा के एनडीए के घोषणा पत्र से अलग राखल जाई।

केसी त्यागी आगे कहले कि सुप्रीम कोर्ट में मामला चलता, जब तक सुप्रीम कोर्ट से इ तय नईखे हो जात, केहु के भ्रामक प्रचार क के अयीसन सवाल ना उठावे के चाही। उ कहले कि सुप्रीम कोर्ट में जवन फैसला होई ओ समूचा भारतीय समाज के मान्य होई।

अयोध्या में राम मंदिर निर्माण से जुड़ल संघ प्रमुख मोहन भागवत के बार-बार दिहल जात बयान के बाद भाजपा नेता मंदिर निर्माण प बोले लागल बाड़े। भाजपा सांसद साक्षी महाराज कहले कि भव्य राम मंदिर के बने से दुनिया के कवनो ताकत नईखे रोक सकत। मंदिर निर्माण के तारीख के बारे में साक्षी महाराज के कहनाम कि साल 2019 के चुनाव में जाए से पहिले भव्य राम मंदिर के निर्माण शुरू हो जाई।

  • Share on:
Loading...