अधिकार मांगे प किसान प आंसू गैस आ लाठीचार्ज होखता, आईना देखावे प देशद्रोही कहल जाता

अधिकार मांगे प किसान प आंसू गैस आ लाठीचार्ज होखता, आईना देखावे प देशद्रोही कहल जाता

पटना साहिब के भाजपा सांसद शत्रुघ्न सिन्हा कहले कि राष्ट्रहित में आईना देखावे प देशद्रोही कहल जाता। उहें, पूर्व केंद्रीय मंत्री यशवंत सिन्हा कहले कि पटना साहिब से शत्रुघ्न सिन्हा के हरावे वाला केहु पैदा नईखे भईल।

मंगलवार के विद्यापति भवन में लाल बहादुर शास्त्री विचार मंच के ओर से आयोजित शास्त्री जयंती समारोह में बोलत सांसद शत्रुघ्न सिन्हा अपने पार्टी प जम के हमला बोलले।

शत्रुघ्न कहले कि, "हम कबहू सिद्धांत से समझौता नईखी क सकत। सच्चाई से मुंह नईखी छिपा सकत। भाजपा में बानी लेकिन ओकरा से पहिले भारत के जनता के हईं। अपना खाती कुछूओ चाहत नईखे। राष्ट्रहित में आईना देखावतानी त, हमरा के देशद्रोही कहल जाता।"

भाजपा सांसद कहले लाल बादुर शास्त्री जी जय जवान-जय किसान के नारा देले रहले। आज जवान-किसान के स्थिति दयनीय बा। अधिकार के मांग प किसान प आंसू गैस आ लाठीचार्ज होखता। नोटबंदी के हवा निकल गईल बा। दरबारी स्तुतिगान में लागल बाड़े।

उ कहले कि जीएसटी में अभी तक 357 संशोधन हो चुकल बा। डिजिटल, स्टार्टअप, मेक इन इंडिया के नाम प मेड इन चाइना बेचाता। शत्रुघ्न कहले कि कौरव के सौ भाई में दुर्योधन आ दुशासन के छोड़ कवनों तीसरा के नाम लोग के मालूम नईखे।

शत्रुघ्न सिन्हा आगे कहले कि अटलजी अवुरी मौजूदा सरकार में फर्क इ बा कि 90 प्रतिशत मंत्री के केहु नईखे जानत। दुनों सरकार में लोकशाही अवुरी तानाशाही के अंतर बा। वन नेशन, टू मैन आर्मी के शो चलता।

पूर्व केंद्रीय मंत्री यशवंत सिन्हा कहले कि आज केहु साच नईखे सुनल चाहत। सहिष्णुता नईखे। विरोध करे प पाकिस्तान अवुरी चीन से मिले होखे के आरोप लगावत देशद्रोही बतावल जाता। उ कहले कि पटना साहिब से शत्रुघ्न सिन्हा के हरावे वाला केहु पैदा नईखे भईल।

  • Share on:
Loading...