नीतीश कुमार फिर पलटी मरिहें अवुरी महागठबंधन में आ जईहे: दिग्विजय सिंह

नीतीश कुमार फिर पलटी मरिहें अवुरी महागठबंधन में आ जईहे: दिग्विजय सिंह

पटना पहुंचल कांग्रेस के वरिष्ठ नेता दिग्विजय सिंह कहले कि बिहार में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार फिर से पलटी मरीहे अवुरी महागठबंधन में आ जईहे। संगही कहले कि एनडीए में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बड़ भाई के भूमिका में बाड़े अवुरी मोदी के ग्राफ गिरते नीतीश कुमार कबहू पाला बदल लिहे।

दिग्विजय सिंह आगे कहले कि ए देश में ईवीएम से चुनाव खत्म होखते भारतीय जनता पार्टी के अस्तित्व खत्म हो जाई। उ बिहार में कांग्रेस के स्वरूप प कहले कि एकर फैसला बिहार कांग्रेस करी। महागठबंधन के स्वरूप प सिंह कहले कि चुनाव के पहिले महागठबंधन के स्वरूप बनी।

कांग्रेस नेता कहले कि साल 1977 में जनता पार्टी के महागठबंधन चुनाव के कुछ दिन पहिले बनल रहे। अबकी बेर महागठबंधन के बड़ स्वरूप नरेंद्र मोदी अवुरी अमित शाह के विरोध में बनी अवुरी कामयाब होई।

राफेल मामला प केंद्र के मोदी सरकार के घेरत उ कहले कि सरकार जनता के राफेल मामला में झूठ ब्यौरा देले बिया अवुरी एकरा खाती नरेंद्र मोदी के प्रधानमंत्री पद से इस्तीफा दे देवे के चाही।

एगो टीवी चैनल के दिहल इंटरव्यू में कांग्रेस नेता दिग्विजय सिंह खुलासा करत कहले कि मायावती के केंद्र के मोदी सरकार डेरावतिया, उनुका (मायावती) प मोदी अवुरी अमित शाह दबाव बनावतारे। एही चलते विपक्षी एकता बनावे में मुश्किल आवता।

  • Share on:
Loading...