सड़क किनारा खड़ा कंटेनर में तेजी से आवत कार टकराईल, दु लोग के मौत

फाइल फोटो

फाइल फोटो

उत्तर प्रदेश के इटावा जिला में गुरुवार के सबेरे आगरा-लखनऊ एक्सप्रेस-वे प खड़ा कंटेनर से तेजी से आवत कार टकरा गईल जवना से बिहार के रहेवाला दु लोग के जगहे प मौत हो गईल अवुरी दु आदमी घाही हो गईले।

वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक अशोक कुमार त्रिपाठी बतवले कि आगरा-लखनऊ एक्सप्रेस-वे प सबेरे चैविया थाना क्षेत्र में एगो कार सड़क प खराब पड़ल कंटेनर से जाके टकरा गईल। कार में सवार लोग दिल्ली से बिहार जात रहे।

वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक बतवले कि दुर्घटना में कार सवार भूपेंद्र यादव (30 साल) अवुरी राजेश यादव (40 साल) के जगहे प मौत हो गईल। मरेवाला दुनों बिहार के मधुबनी के रहेवाला रहले।

त्रिपाठी बतवले कि दुर्घटना में घाही दु लोग के इलाज खाती सैफई के ट्रामा सेंटर में भर्ती करावल गईल।

  • Share on:
Loading...