बिहार में डबल ना ट्रबल इंजन के सरकार बिया, "ट्विटर बउआ कबो अपनो घर अवुरी पार्टी में ताकझांक क लीही"

बिहार में डबल ना ट्रबल इंजन के सरकार बिया, "ट्विटर बउआ कबो अपनो घर अवुरी पार्टी में ताकझांक क लीही"

बिहार के मुंगेर में एक के बाद एक एके-47 मिलला प नेता प्रतिपक्ष एक ओर जहां नीतीश सरकार प हमला बोलले, उहें जदयू प्रवक्ता ताना मारत कहले कि ट्विटर बउआ कबो अपनो घर अवुरी पार्टी में भी ताकझांक क लेवे के चाही। सत्ता अवुरी विपक्ष दुनों ओर से ट्विटर वार शुरू हो गईल।

बिहार विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव शुक्रवार के एक के बाद एक ट्वीट में नीतीश सरकार प हमला बोलले। तेजस्वी कहले कि 1947 से एके-47 तक। 1947 में भारत के प्रभुता संपन्न देश बने के आजादी मिलल। आज स्वतंत्र रूप से एके-47 के उपयोग करे के आजादी बा।

तेजस्वी यादव कहले कि, "नीतीश जी, आपके डबल इंजन ना ट्रबल इंजन के सरकार बिया। इ बताई, तेल के कीमत कब घटावतानी?"

राजद नेता अपना अगिला ट्वीट में कहले कि सत्ता संरक्षित बलात्कारी मुज्जफरपुर बालिका गृह सामूहिक बलात्कार के बाद लईकिन के हत्या क दफना देले रहले।

एकरा में नीतीश कुमार के मंत्री शामिल बाड़े, पुख़्ता सबूत होखला के बावजूद मुख्यमंत्री बलात्कारी के बचावतारे। मुख्य आरोपी ब्रजेश ठाकुर नीतीश जी के दुलारा हवे। नीतीश जी, "पटना वाला सर" कवन हवे?

तेजस्वी यादव गुरुवार के ट्वीट में बिहार में एके-47 के गैर-कानूनी धंधा में सत्ताधारी दल के विधायक के शामिल होखल बतवले। संगही कहले कि मुख्यमंत्री में नैतिक बल बा कि उ खतरनाक हथियार के धंधा करेवाला आपन बाहुबली विधायक के पार्टी से बर्खास्त क सकस चाहे फिर कानून के राज के बेसुरा ढोल पीटत रहिहे? उ आगे कहले कि बिहार में दलित प अत्याचार चरम प बा। लेकिन सरकार सुतल बिया।

तेजस्वी यादव के ट्वीट प पलटवार करत जदयू प्रवक्ता नीरज कुमार ताना मारत कहले कि, "ट्विटर बउआ कबो अपनो घर अवुरी पार्टी में भी ताकझांक क लीही।" उ कहले कि घर में देह व्यापार के आरोपी के तेजस्वी आपन निजी सहायक बना के रखले बाड़े। दुष्कर्म के आरोपी विधायक राजबल्लभ पार्टी में बाड़े। पार्टी अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव जेल में बाड़े अवुरी तेजस्वी नैतिकता के पाठ दोसरा के पढ़ावतारे?

नीरज कुमार नवादा में महिला समेत तीन लोग के गोली मारे के घटना प पलटवार करत कहले कि बिहिया, गया अवुरी जहानाबाद के बाद खबर बा कि नवादा में आपही के (तेजस्वी) बिगड़ैल समर्थक इ कुकृत्य कईले बाड़े। संगही कहले कि तेजस्वी अपना समर्थक प लगाम लगावस, नाही त बहुत देर हो जाई!

जदयू प्रवक्ता बिहार में कानून के राज होखे के बात कहत कहले कि पुलिस आरोपी के गिरफ्तारी क दोषी के त सजा जरूर दिलाई, लेकिन आपहू त कुछ करी।

  • Share on:
Loading...