शक्ति सिंह-पप्पू यादव के मुलाकात प राजनीति गरमाईल- महागठबंधन के फैसला कांग्रेस अकेले नईखे ले सकत

शक्ति सिंह-पप्पू यादव के मुलाकात प राजनीति गरमाईल- महागठबंधन के फैसला कांग्रेस अकेले नईखे ले सकत

जन अधिकार पार्टी के संरक्षक आ मधेपुरा से सांसद पप्पू यादव के कांग्रेस के बिहार प्रभारी शक्ति सिंह गोहिल से मुलाकात के बाद बिहार के राजनीतिक गरमी बढ़ गईल। राजद नेता कहले कि पप्पू यादव के धोखा देवे के आदत ह। महागठबंधन के कवनो फैसला कांग्रेस अकेले नईखे ले सकत। उहें, जदयू प्रवक्ता कहले कि 24 मामला में आरोपी पप्पू यादव कांग्रेस के मुबारक।

जानकारी के मुताबिक, जन अधिकार पार्टी के संरक्षक पप्पू यादव बेंगलुरु में आयोजित एगो कार्यक्रम में भाग लेके रविवार के रात में पटना पहुंचले। पटना अईला के बाद उ कांग्रेस के बिहार प्रभारी शक्ति सिंह गोहिल से मुलाकात खाती अचानक बिहार प्रदेश कांग्रेस कमेटी के प्रदेश कार्यालय सदाकत आश्रम पहुंच गईले।

बतावल जाता कि दुनों नेता के बीच बंद कमरा में मुलाकात भईल। दुनों नेता के मुलाकात ओ समय भईल जब प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष मदन मोहन झा मौजूद ना रहले। बिहार कांग्रेस मुख्यालय में पप्‍पू यादव से कांग्रेस के बिहार प्रभारी के मुलाक़ात के कई मतलब निकालल जाता।

अगिला साल 2019 में लोकसभा चुनाव होखेवाला बा। ए साल नवंबर अवुरी दिसंबर में मध्य प्रदेश, मिजोरम, राजस्थान, तेलंगाना अवुरी छत्तीसगढ़ में विधानसभा चुनाव होखे वाला बा। मालूम रहे कि पप्‍पू यादव के पत्नी रंजीत रंजन कांग्रेस पार्टी के सुपौल से सांसद बाड़ी।

पप्पू यादव अपना ट्वीट में राज्य सरकार प निशाना साधत शासन व्यवस्था प सवाल उठावत ओकरा के पुरातात्विक अवशेष बतवले। संगही, मुजफ्फरपुर बालिका गृह यौन शोषण से लेके सुपौल के त्रिवेणीगंज के कस्तूरबा विद्यालय में छात्रा प भईल हमला प निशाना सधले।

कांग्रेस प्रभारी शक्ति सिंह गोहिल से मधेपुरा सांसद पप्पू यादव के मुलाकात प राजद नेता भाई वीरेंद्र कहले कि पप्पू यादव के धोखा देवे के आदत ह। उ भरोसा के लायक ना हवे। संगही, भाई वीरेंद्र एनडीए से पप्पू यादव के मिले होखे के आरोप लगवले। गोहिल आ पप्पू यादव के मुलाकात प राजद नेता कहले कि महागठबंधन के कवनो फैसला कांग्रेस अकेले नईखे ले सकत।

जदयू प्रवक्ता नीरज कुमार दुनों नेता के मुलाकात प ताना मारत कि कांग्रेस के पप्पू यादव मुबारक होखस। संगही उ कहले कि पप्पू यादव 24 मामला में आरोपित बाड़े। पप्पू यादव के अपराध के कांग्रेस के रास्ता राजद सम्मानित करतिया।

  • Share on:
Loading...