'राहुल गांधी आपके बिहार के लोग से अतना नफरत काहें बा': जदयू

'राहुल गांधी आपके बिहार के लोग से अतना नफरत काहें बा': जदयू

गुजरात में बिहार अवुरी उत्तर प्रदेश के लोग के भगावे जाए से जुड़ल बिहार में सियासत गरमाईल। बिहार में सत्तारूढ़ जनता दल यूनाइटेड(जदयू) सोमवार के कांग्रेस के अध्यक्ष राहुल गांधी आ राजद नेता तेजस्वी यादव प निशाना सधलस। जदयू चिट्ठी लिख के ए मामला खाती विधायक अल्पेश ठाकुर के जिम्मेवार ठहरावत पूछलस कि कांग्रेसी के बिहार के लोग से अतना नफरत काहें बा।

जदयू प्रवक्ता नीरज कुमार कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी चिट्ठी लिख के गुजरात के घटना प पार्टी के कटघरा में खड़ा कईले। नीरज कहले कि राहुल गांधी के जवाब देवे के चाही कि काहें उनुका दिल में बिहारी के प्रति अतना नफरत बा। कांग्रेस एक ओर विधायक अल्पेश ठाकोर के बिहार कांग्रेस के सह प्रभारी निुयक्त करतिया अवुरी दोसरा ओर ठाकोर के सेना (गुजरात क्षत्रिय ठाकोर सेना) बिहार के लोग के गुजरात से निकालतिया। आखिर कांग्रेस अल्पेश ठाकोर के खिलाफ अनुशासनात्मक कार्रवाई काहें नईखे करत।

नीरज कहले कि आज गुजरात में जवन विकास देखाई देता उ बिहारी ही ना बालुक समूचा देश के लोग खून-पसीना से सींच के कईले बाड़े। गुजरात ही काहे देश के कवनो क्षेत्र एक-दोसरा प आश्रित बा।

जदयू प्रवक्ता कांग्रेस के निशाना बनावत कहले कि विधायक अल्पेश लगातार उत्तर भारतीय के खिलाफ जहर उगलतारे, रैली करतारे, लेकिन उनुका खिलाफ कांग्रेस अनुशासनात्मक कार्रवाई तक नईखे करे पावत।

चिट्ठी में नीरज आगे कहले कि, 'ठाकोर जईसन संकीर्ण मानसिकता वाला आदमी के बिहार में कांग्रेस पार्टी के सहप्रभारी बना के बिहारी के प्रति घृणा के एहसास करावल गईल बा।'

चिट्ठी में जदयू प्रवक्ता नीरज कांग्रेस के बहाने राजद प निशाना साधत कहले कि आज कांग्रेस के एगो अयीसन दल से गठबंधन करे खाती मजबूर होखे के पड़ता जेकर अध्यक्ष सजायाफ्ता बाड़े, बालुक उनुकर विरासत सम्हारे वाला उनुकर बेटा तक भ्रष्टाचार के आरोपी बाड़े।

जदयू प्रवक्ता तेजस्वी यादव प हमला बोलत कहले कि बिहारी के अस्मिता से जुड़ल तेजस्वी यादव साजायफ्ता के बेटा होके सोचे के बजाए बिहारी बन के सोचे के चाही। गुजरात के साबरकांठा जिला में 14 महीना के एगो बच्ची के संगे दुष्कर्म के बाद उहां हिंदी बोले वाला लोग के प्रति जबरदस्त गुस्सा बा।

हिंदी में बात करत सुन के राह चलत लोग के निशाना बनावल जाता। इहां तक कि जवन लोग सालो से उहां घर बना के रहतारे प लोग के भी भागे खाती कहल जाता। गुजरात से आवे वाली ट्रेन में भर-भर के लोग बिहार लवटतारे।

  • Share on:
Loading...