'गुजरात में बिहार-यूपी के लोग के पीटल जाता, प्रधानमंत्री मोदी याद रखिहे उनको बनारस जाए के बा'

'गुजरात में बिहार-यूपी के लोग के पीटल जाता, प्रधानमंत्री मोदी याद रखिहे उनको बनारस जाए के बा'

गुजरात के साबरकांठा जिला में 14 महीना के बच्‍ची के संगे कथित तौर प बलात्‍कार के आरोप में बिहार के युवक के गिरफ्तारी के बाद राज्य के कई जिला में उत्तर प्रदेश अवुरी बिहार के लोग के मुख्य रूप से निशाना बना के मारपीट कईल जाता। इहां तक कि ओ लोग के राज्य छोड़ के जाए खाती कहल जाता। ए बीच कांग्रेस के वरिष्ठ नेता अवुरी मुंबई इकाई के अध्यक्ष संजय निरुपम उत्तर भारतीय के पलायन खाती प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी प हमला बोलले।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी प हमला बोलत कांग्रेस के नेता संजय निरुपम कहले कि "उनुका याद राखे के चाही कि एक दिन मोदी के बनारस (वाराणसी) जाए के बा।

निरुपम धमकी भरल अंदाज में कहले कि जदी प्रधानमंत्री मोदी के गृहराज्य (गुजरात) में यूपी, बिहार अवुरी मध्य प्रदेश के लोग के मार-मार के भगावल जाई त एक दिन प्रधानमंत्री मोदी के भी बनारस (यूपी) जाए के बा, इ बात याद राखे के चाही।" उ आगे कहले, "बनारस के लोग प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के गले से लगा के प्रधानमंत्री बनवले रहे।"

संजय निरुपम ए मामला में गुजरात डीजीपी के बयान के झूठ बतवले। निरुपम अपना ट्वीट में कहले कि, "गुजरात के डीजीपी कहतारे कि उत्तर भारतीय लोग त्योहार मनावे खाती घरे जातारे अवुरी प लोग प कवनो दबाव नईखे, लेकिन इ एगो बहुत बड़ झूठ बा। दीवाली अवुरी छठ के छुट्टी एक महीना के बाद शुरू होखेला अभी ना, भाजपा ए लोग के भागे प मजबूर करतिया.....अवुरी कांग्रेस के विधायक के बदनाम करतिया, मोदी जी ए राजनीति के बंद करी।"

ए बीच गुजरात के डीजीपी शिवानंद झा कहले कि उत्तर भारतीय प हमला के मामला में अभी तक 6 जिला से 324 लोग के गिरफ्तारी अवुरी हिंसा के 42 मामला दर्ज भईल बा।

मालूम रहे कि इ पूरा घटनाक्रम गुजरात के साबरकांठा में 14 महीना के एगो बच्ची से दुष्कर्म के बाद होखता। घटना के शुरुआती जांच से पता चलल कि दुष्कर्म के आरोपी बिहार के एगो 20 साल के युवक ह। जब इ बात स्थानीय लोग के पता चलल त कई जगह प बिहार के लोग प हमला शुरू हो गईल। खबर के मुताबिक गुजरात में बिहार अवुरी यूपी के लोग के शहर छोड़े खाती कथित तौर प धमकी दिहल गईल।

  • Share on:
Loading...