पप्पू यादव धमकी देले- गुजरात में हिंसा ना रुकल त बिहार में गुजराती के ढूके ना दिहल जाई

पप्पू यादव धमकी देले- गुजरात में हिंसा ना रुकल त बिहार में गुजराती के ढूके ना दिहल जाई

गुजरात में बिहारी प होखत हमला से जुड़ल जन अधिकार पार्टी के नेता अवुरी मधेपुरा के सांसद पप्पू यादव कहले कि गुजरात में हिंसा ना रुकल त बिहार में गुजराती के ढूके ना दिहल जाई।

सांसद पप्पू यादव बाढ़ के जलगोबिंद में कहले कि, जदी गुजरात में हिंसा ना रुकल त बिहार में गुजराती के आवे ना दिहे। उ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अवुरी उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी प निशाना साधत कहले कि कई राज्य में बिहारी के दुर्दशा बा लेकिन नीतीश कुमार चुप बईठल बाड़े।

पप्पू यादव कहले कि हमनी के ओ लोग निहन हिंसा ना करेके लेकिन जदी बिहारी प हमला ना रूकल त एकहु गुजराती के बिहार आवे चाहे फिर ए रास्ता से कतहु जाए ना देब।

सांसद पप्पू यादव कहले कि आज बिहारी प हरेक जगह हमला होखता। देश के 20 हजार करोड़ रुपया देवे के जाए के बावजूद बिहारी निशाना बनावल जातारे अवुरी बिहारी प लगातार हमला होखता।

पप्पू यादव नीतीश कुमार अवुरी सुशील कुमार मोदी प निशाना साधत कहले कि उ कवना मुंह से बिहार के बात करतारे अवुरी बिहार के लोग से वोट मांग के सरकार बनावतारे।

मालूम रहे कि गुजरात में 14 महीना के बच्ची के संगे भईल दुष्कर्म के घटना के बाद से उहां उत्तर भारत के लोग प लगातार हमला होखता। एही कड़ी में बिहार के राजनीति में आरोप-प्रत्यारोप के दौर शुरू हो गईल बा।

एकरा से पहिले जदयू प्रवक्ता नीरज कुमार चिट्ठी लिख के कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी प निशाना साधत पूछले कि कांग्रेसी के बिहार के लोग से अतना नफरत काहें बा। नीरज कहले कि कांग्रेस एक ओर विधायक अल्पेश ठाकोर के बिहार कांग्रेस के सह प्रभारी निुयक्त करतिया अवुरी दोसरा ओर ठाकोर के सेना (गुजरात क्षत्रिय ठाकोर सेना) बिहार के लोग के गुजरात से निकालतिया। आखिर कांग्रेस अल्पेश ठाकोर के खिलाफ अनुशासनात्मक कार्रवाई काहें नईखे करत।

उहें, कांग्रेस के वरिष्ठ नेता अवुरी मुंबई इकाई के अध्यक्ष संजय निरुपम उत्तर भारतीय के पलायन खाती प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी प हमला बोलले। निरुपम धमकी भरल अंदाज में कहले कि जदी प्रधानमंत्री मोदी के गृहराज्य (गुजरात) में यूपी, बिहार अवुरी मध्य प्रदेश के लोग के मार-मार के भगावल जाई त एक दिन प्रधानमंत्री मोदी के भी बनारस (यूपी) जाए के बा, इ बात याद राखे के चाही।" उ आगे कहले, "बनारस के लोग प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के गले से लगा के प्रधानमंत्री बनवले रहे।"

  • Share on:
Loading...