सुशासन बाबू अवुरी जुमला बाबू के सरकार में महिला सुरक्षित नईखी: कांग्रेस

सुशासन बाबू अवुरी जुमला बाबू के सरकार में महिला सुरक्षित नईखी: कांग्रेस

कांग्रेस बिहार के सुपौल जिला के छात्रावास में लईकिन के पीटाई के घटना प सोमवार के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प निशाना साधत आरोप लगवलस कि सुशासन बाबू अवुरी जुमला बाबू के शासन में महिला सुरक्षित नईखी।

कांग्रेस पार्टी के प्रवक्ता प्रियंका चतुर्वेदी पत्रकारन से बातचीत में कहली कि, "ए तरह के शर्मशार करेवाली घटना ओहि बिहार में भईल बा जहां सुशासन बाबू अवुरी जुमला बाबू के सरकार बिया। इनका शासन में महिला सुरक्षित नईखी।"

प्रियंका चतुर्वेदी सवाल पूछत कहली, "हम प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से पूछल चाहतानी कि जवन लोग बेटी के एगो सुरक्षित माहौल देवे के बात कईले रहले, उहे आज आरोपी के संगे खड़ा बा, उनुका प कब कार्यवाही होई? महिला सशक्तिकरण खाती 33 प्रतिशत आरक्षण के बात कईले रहले ओकर का भईल?"

खबर के मुताबिक बिहार के सुपौल जिला के त्रिवेणीगंज में डपरखा कस्तूरबा गांधी बालिका आवासीय विद्यालय के छात्रा यौन उत्पीड़न के कोशिश के विरोध कईली त उनुकर पिटाई क दिहल गईल। घटना शनिवार के सांझ के बतावल जाता। ए मामला में पुलिस महिला समेत कुछ लोग के गिरफ्तार कईले बिया।

  • Share on:
Loading...