पति से झगड़ा के बाद महिला आपन दु बच्चा के लेके नहर में कूद गईल

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में परिवारिक कलह से तंग आके एगो महिला आपन दु बच्चा के नहर में फेंक के आपन जान देवे खाती खुद नहर में कूद गईल। घटना के बाद महिला के त जिंदा बचा लिहल गईल, लेकिन अभी तक दुनों बच्चा के कवनों पता नईखे चले पावल। पुलिस महिला के हिरासत में लेके पूछताछ करतिया। घटना नगर थाना क्षेत्र के डुमरिया गांव के बतावल जाता।

घटना के बारे में बतावल जाता कि पश्चिमी चंपारण जिला के बगहा के डुमरिया गांव में एगो महिला अंतिमा देवी के अपना पति श्रीराम के संगे मंगलवार के रात में कवनों बात प झगड़ा भईल रहे। ओकरा बाद महिला आपन छव महीना आ चार साल के बेटा के लेके घर से निकल गईल।

घर से निकल के महिला गांव के बहरी त्रिवेणी नहर के किनारा पहुंच गईल अवुरी उ आपन चार साल के बेटा के नहर में फेंक देलस अवुरी दूसरा बेटा के गोदी में लेके नहर में कूद गईल। ए बीच बच्चा के चिल्लाए आ केहु के डूबे के आवाज सुन के पास के झोपड़ी में रहत रामशंकर राम शोर मचावे लगले।

आवाज सुन के गांव के लोग भगल अईले अवुरी नहर में कूद के महिला के त जिंदा बचा लिहले लेकिन दुनों बच्चा के अभी तक कवनों पता नईखे चले सकल।

महिला के पति बतवले कि बच्चा से जुड़ल कवनो बात प झगड़ा भईल रहे। ओकरा बाद महिला बच्चा के संगे सुतल गईल रहे। लेकिन जब रात में महिला के पति देखले त उनुकर पत्नी आ बच्चा ना रहले, जेकरा बाद खोजबीन करत जब घर से बहरी गईले त देखले कि नहर के किनारा भीड़ लागल रहे। महिला के लोग नहर से बहरी निकाल लेले रहले।

थानाध्यक्ष मो अयूब बतवले कि बच्चा के तलाश कईल जाता। फिलहाल महिला के पुलिस हिरासत में लेके पूछताछ करतिया। थानाध्यक्ष बतवले कि बच्चा के हत्या के आरोप में महिला के जेल भेजे खाती आगे के कार्यवाई कईल जाता।

  • Share on:
Loading...