पति के छोड़ के दोसरा संगे रहत महिला समेत 2 लोग के गोली मार के हत्या

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के समस्तीपुर जिला में घर में घुस के महिला समेत दु लोग के गोली मार के हत्या क दिहल गईल। घटना के बाद अपराधी मौका से फरार हो गईले। घटना के सूचना प पहुंचल पुलिस दुनों लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज के मामला के छानबीन में जुट गईल।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, बाइक सवार तीन अपराधी समस्तीपुर जिला के मोहिउद‍दीननगर थाना क्षेत्र के अंदौर भूईया स्थान के नजदीक बुधवार के रात में घर में घुस के महिला अवुरी ओकरा संगे रहत युवक के गोली मार के हत्या क देले।

घटना के बारे में बतावल जाता कि मोहिउद‍दीननगर थाना क्षेत्र के कल्याणपुर बस्ती के रहेवाला गुड‍्डू राय पछिला दस साल से रेखा देवी के संगे रहत रहले। रेखा के अपना पहिला पति संजीत सहनी से चार बच्चा बाड़े। पति से संबंध खत्म होखला के बाद रेखा आपन महतारी बासमतिया देवी के घर अंदौर भूईया स्थान में रहत रही।

बुधवार के रात में सभे लोग घर में सुतल रहले। करीब साढ़े बारह बजे बाइक प सवार तीन अपराधी पहुंचले अवुरी घर के दरवाजा पीटे लगले। आवाज सुन के देखे खाती रेखा के महतारी घर से बहरी अईली त अपराधी शराब मांगे लगले। मना करे प अपराधी खिसिया गईले अवुरी बासमतिया के संगे मारपीट करे लगले।

हल्ला सुन के जसही गुड‍डू कमरा से बहरी अईले अपराधी उनुका के गोली मार देले। गोली लागते गुड‍डू के जगहे प मौत हो गईल। ओकरा बाद सभे अपराधी कमरा में घुस के रेखा देवी के दु गोली मार के हत्या क देले।

घटना के बाद गाँव के लोग पुलिस के सूचना देले। सूचना प पहुंचल पुलिस दुनों लाश के अपना कब्जा में लेके समस्तीपुर के अस्पताल में पोस्टमार्टम खाती भेज के मामला के छानबीन में जुट गईल।

  • Share on:
Loading...