आरक्षण के मुद्दा प नीतीश कुमार के सभा में हंगामा, चप्पल फेंकेवाला युवक गिरफ्तार!

आरक्षण के मुद्दा प नीतीश कुमार के सभा में हंगामा, चप्पल फेंकेवाला युवक गिरफ्तार!

राजधानी पटना में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कार्यक्रम में एगो युवक उनुका प चप्पल फेंके के कोशिश कईलस। गुरुवार के पटना के बापू सभागार में चलत जदयू छात्र संगम के दौरान मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के सोझा मंच प एगो युवक चप्पल फेंक देलस। अचानक भईल ए घटना के बाद मुख्यमंत्री के सुरक्षाकर्मचारी तुरंत युवक के गिरफ्तार क लेले।

बतावल जाता कि मुख्यमंत्री प भरल सभा में औरंगाबाद के रहेवाला चंदन तिवारी नाम के एगो युवक चप्पल फेंकलस अवुरी नाराबाजी कईलस। चंदन तिवारी के कहनाम बा कि आरक्षण के चलते बिहार के युवा के नौकरी नईखे मिलत अवुरी इ सब नीतीश कुमार के चलते होखता। चंदन कहले कि बेरोजगार युवा कहां जईहे? उनुका सोझा नौकरी के समस्या बा, नीतीश कुमार के आरक्षण खत्म क देवे के चाही।

गुरुवार के बापू सभागार में जदयू छात्र संगम चलत रहे, जवना में समूचा बिहार से भारी संख्या में छात्र पहुंचल रहले। ए कार्यक्रम में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, जदयू के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण के अलावे प्रशान्त किशोर समेत पार्टी के कई नेता मौजूद बाड़े।

कार्यक्रम के दौरान चंदन नाम के एगो युवक मंच प बईठल मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के ओर चप्पल फेंक देलस। हालंकि चप्पल उनुका तक पहुंचे से पहिलही गिर गईल। अचानक भईल ए घटना के बाद मुख्यमंत्री के सुरक्षाकर्मी तुरंत आरोपी के गिरफ्तार क लिहले।

अयीसन पहिला मौका नईखे जब नीतीश कुमार के ओर चप्पल फेंकल गईल होखे। एकरा से पहिले जनवरी 2016 में बख्तियारपुर में एगो कार्यक्रम में शामिल होखे गईल मुख्‍यमंत्री नीतीश कुमार प केहु जूता फेंक देले रहे। ओ समय कार्यक्रम में नीतीश कुमार महिला के 35 प्रतिशत आरक्षण देवे आ शराबबंदी के फैसला प बोल त रहले। हालांकि, जूता मंच के नीचे गिर गईल अवुरी नीतीश कुमार ए हमला में बाच गईले रहले।

  • Share on:
Loading...