भाजपा नेता गिरिराज सिंह के बयान प राजद कहलस- श्रीराम भाजपा के बाप ना हवे

भाजपा नेता गिरिराज सिंह के बयान प राजद कहलस- श्रीराम भाजपा के बाप ना हवे

केंद्रीय मंत्री अवुरी नवादा से भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के सांसद गिरिराज सिंह के बयान प राष्ट्रीय जनता दल (राजद) प्रतिक्रिया देत कहलस कि, श्रीराम भाजपा के बाप ना हवे।

मालूम रहे कि भाजपा सांसद गिरिराज सिंह बुधवार के राम मंदिर निर्माण से जुड़ल आपत्तिजनक बयान देले रहले। गिरिराज सिंह कहले रहले कि मंदिर निर्माण में मुसलमान के हिंदू के मदद करे के चाही। जदी अयोध्या में राम मंदिर नईखे बनत त हिंदू के दिल के दुख पहुंची। ओकरा बाद कुछूओ हो सकता।

गिरिराज सिंह के एही बयान प राजद नेता भाई वीरेंद्र कहले कि गिरिराज सिंह अल्पसंख्यक के धमकावाल बंद करस। श्रीराम भाजपा के बाप ना हवे। उ कहले कि जनता के संगे मिल के राजद उनुका के तड़ीपार कराई। ए दौरान उ कहले राम सभके हवे। उ भाजपा प आरोप लगवले कि चुनाव आवते भाजपा के राम याद आवे लागेले। भाजपा के मंदिर बनावे में कवनो रुचि नईखे उ सिर्फ सियासत करतिया।

मालूम रहे कि नवादा सांसद गिरिराज सिंह बुधवार के बरबीघा पहुंचल रहले। जहां मीडिया से बात करत उ कहले रहले कि हिंदू-मुस्लिम दुनों समुदाय के लोग मिल के राम मंदिर निर्माण कार्य में सहयोग करे। जदी राम मंदिर के निर्माण ना भईल त हिंदू के दिल दुखी। ओकरा बाद कुछूओ हो सकता। ए दौरान गुजरात से पलायन करत बिहार-यूपी के लोग के बहाने कांग्रेस प निशाना साधत गिरिराज कहले कि गुजरात मामला कांग्रेस के देन ह।

  • Share on:
Loading...