लालू ताकतवर नेता रहल बाड़े, 'लालू लीला' किताब के नाम से लोग समझ जईहे कि किताब में का होई

लालू ताकतवर नेता रहल बाड़े, 'लालू लीला' किताब के नाम से लोग समझ जईहे कि किताब में का होई

भाजपा के वरिष्ठ नेता आ बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी 'लालू लीला' नाम के एगो किताब के लिखले बाड़े। ए किताब के लोकार्पण लोकनायक जयप्रकाश नारायण के जयंती प स्थानीय विद्यापति भवन में आयोजित कार्यक्रम में भईल। ए मौका प सुशील मोदी कहले कि, हम लालू जी के 47 साल से जानतानी। उ सबसे ताकतवर नेता रहल बाड़े। आज उ अपना कारनामा के चलते जेल में बंद बाड़े। जेल जाए के बाद लालू प्रसाद यादव कई घोटाला कईले।

पुस्तक के लोकार्पण समारोह में केंद्रीय कानून अवुरी न्याय मंत्री रविशंकर प्रसाद, केंद्रीय कृषि मंत्री राधामोहन सिंह, प्रदेश भाजपा अध्यक्ष नित्यानंद राय अवुरी केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह समेत कई नेता लोकार्पण के मौका प मौजूद रहले।

सुशील मोदी के किताब लालू लीला के लोकार्पण के मौका प पहुंचल भाजपा के फायर ब्रांड नेता अवुरी केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव प ताना मारत कहले कि जवना तरह रामलीला अवुरी कृष्ण लीला के नाम सुनते लोग समझ जाले कि किताब में का होई, ओसही लालू लीला किताब के नाम से लोग समझ जईहे कि ए किताब में का होई।

गिरिराज सिंह कहले कि जईसे राजेंद्र प्रसाद जईसन महान विभूति के चर्चा होखेला ओसही आज लालू यादव के भ्रष्टाचार के बात होखता अवुरी नीतीश कुमार के भ्रष्टाचार प जीरो टॉलरेंस के भी चर्चा होखता। उ कहले कि सुशील मोदी स्कूटर प भ्रष्टाचार के खिलाफ लड़ाई शुरू कईले रहले। ओ समय मोदी प जानलेवा हमला करावल गईल लेकिन उ पीछे ना हटले अवुरी खुलासा करत रहले।

भाजपा नेता कहले कि लालू प्रसाद यादव के बिहार के जनता ताकत देले रहे लेकिन उ ओकर लगातार दुरुपयोग कईले। जवना के नतीजा आज लालू प्रसाद कहां से कहां पहुंच गईले। लालू यादव के भी लालू लीला शीर्षक किताब पढ़े के सलाह देत गिरिराज कहले कि जदी लालू से जेल के चर्चा कईल जाई त इहों कह दिहे कि भगवान कृष्ण भी जेल गईल रहले।

  • Share on:
Loading...