राफेल सौदा साफ तौर प भ्रष्टाचार के मामला बा, प्रधानमंत्री मोदी इस्तीफा देस: राहुल गांधी

राफेल सौदा साफ तौर प भ्रष्टाचार के मामला बा, प्रधानमंत्री मोदी इस्तीफा देस: राहुल गांधी

कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी राफेल सौदा प एक बेर फिर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी प हमला बोलले। राहुल गांधी गुरुवार के प्रेस कॉन्फ्रेंस क प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के इस्तीफा मंगले। उ कहले कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भ्रष्ट बाड़े। उनुका ए मामला में आपन नाम आवे प इस्तीफा देवे के चाही।

राहुल गांधी मीडिया से बातचीत करत कहले कि राफेल प नया खुलासा से एक बेर फिर साफ हो गईल कि प्रधानमंत्री 30,000 करोड़ रुपया अनिल अंबानी के जेब में डलले बाड़े। राहुल रक्षा मंत्री निर्मला सीतारमण के फ्रांस दौरा प सवाल उठवले।

राहुल सवाल कईले कि रक्षा मंत्री निर्मला सीतारमण ए समय फ्रांस काहें गईल बाड़ी। ए समय फ्रांस में अयीसन का पाकता कि उनुका उहां जाए के पड़ल।

संवाददाता सम्मेलन में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के भ्रष्ट बतावत राहुल कहले कि उ देश के जनता के ना बालुक अनिल अंबानी के चौकीदारी कईले बाड़े। राहुल गांधी कहले कि, "फ्रांस के पूर्व राष्ट्रपति खुलासा कईले कि भारत के प्रधानमंत्री उनुका से कहले रहले कि रिलायंस के राफेल सौदा मिले के चाही। अब एगो वरिष्ठ अधिकारी भी राफेल सौदा से जुड़ल उहे बात कहले बाड़े। एकरा से साफ लागता कि इ भ्रष्टाचार के मामला ह।

उ कहले कि राफेल सौदा साफतौर प रक्षा क्षेत्र में भ्रष्टाचार के मामला ह। ए भ्रष्टाचार के समझे खाती समूचा चीज सोझा बा। धीरे-धीरे ए सौदा के गड़बड़ी सोझा आवता।

कांग्रेस अध्यक्ष कहले कि ए मामला में कांग्रेस जेपीसी बना के जांच के मांग कईले रहे। लेकिन भाजपा एकरा से पीछे हट गईल। उ आगे कहले कि प्रधानमंत्री मोदी देश के किसान, युवा अवुरी गरीब के संगे विश्वासघात कईले बाड़े।

कांग्रेस अध्यक्ष कहले कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भ्रष्टाचार के मामला से जुड़ल सत्ता में आईल रहले अवुरी उहे अब ए आरोप से जूझतारे। उनुका प आरोप लागाल बा, उनुका ए मामला प बोले के चाही। उ कहले कि जदी प्रधानमंत्री ए मामला प बोले नईखन पावत त उ इस्तीफा दे देस।

उ कहले कि मोदी आजकल दोसर दुनिया में व्यस्त बाड़े। पहिले जवन वादा कईले रहले, अब ओ वादा प कबहू नईखन बोलत। आज मीडिया के दबावे के कोशिश कईल जाता। एकरा बावजूद अभी अवुरी कई बात के खुलासा होई।

  • Share on:
Loading...