नीतीश कुमार नवका पुलिस मुख्यालय के उद्घाटन कईले, राजनीतिक बयानबाजी शुरू

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बेली रोड में नवका पुलिस मुख्यालय (सरदार पटेल भवन) के उद्घाटन कईले। संगही बिहार के 26 नया थाना के भवन अवुरी 109 पुलिस भवन के मुख्यमंत्री उद्घाटन कईले। पुरनका सचिवालय में साल 1917 से चलत पुलिस मुख्यालय बेली रोड में नया बनल भवन में शिफ्ट हो गईल। नया पुलिस मुख्यालय के नाम सरदार पटेल भवन राखल गईल।

ए मौका प मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहले कि सरकार पुलिस के हेलीकॉप्टर देके अवुरी जादे अत्याधुनिक बनावल चाहतिया, लेकिन आज तक कवनो डीजीपी हेलीकॉप्टर लेवे के फैसला ना लेले।

नीतीश कहले कि गुजरात के भूकंप के हम नजदीक से देखले रही अवुरी गुजरात जईसन भूकंप जदी पटना में आईल त पांच लाख लोग के मौत निश्चित बा। आपदा आवत रहेले। बिहार में तितली तूफान से तनिका फायदा भईल त उहे बाकी राज्य में नुकसान भईल बा।

कार्यक्रम में शामिल उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी कहले कि साइबर क्राइम प काबू पावे खाती साइबर सेनानी तैयार कईल जातारे। अभी तक 40 हजार साइबर सेनानी बनावल जा चुकल बाड़े। हरेक थाना में 100 साइबर सेनानी तैनात कईल जईह। उहें, मुख्य सचिव दीपक कुमार मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से मांग कईले कि सभे थाना के वीडियो कॉन्फ्रेन्सिंग से जोड़ल जाए।

सरदार पटेल भवन के उदघाटन के बाद राज्य में सियासी बयानबाजी शुरू हो गईल। राजद नेता विजय प्रकाश कहले कि कमीशन खाती राज्य में रोज-रोज नया-नया भवन के निर्माण करावल जाता।

राजद नेता आ विधान पार्षद संजय प्रसाद नीतीश सरकार प हमला बोलत कहले कि नया भवन बनावे से अपराध प नियंत्रण ना होई। सरकार पहिले अपराध प रोक लगावे। अधिकारी के एसी चैंबर में बईठे से अपराध प रोक ना लागी।

जदयू प्रवक्ता नीरज कुमार राजद प पलटवार करत कहले कि विपक्ष के बयान दुर्भाग्यपूर्ण बा। राजद के मौका मिलल त सिर्फ आपन घर अवुरी मॉल के निर्माण कराई। उ कहले कि बेहतर पुलिसिंग खाती सरदार पटेल भवन के निर्माण भईल बा, जवन लोग बेचैन बाड़े, उ सभ्यता के दरवाजा देखस, सुकून मिली।

  • Share on:
Loading...