भाजपा के 2019 में उत्तर प्रदेश अवुरी बिहार में सफाया होखल तय

भाजपा के 2019 में उत्तर प्रदेश अवुरी बिहार में सफाया होखल तय

समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहले कि आज लोकतांत्रिक संस्था प सीधा हमला होखता। हरेक आदमी प कवनों ना कवनों तरह के दबाव बा। कानून व्यवस्था पूरा तरह ध्वस्त बा। अयीसना हालात में लोकतंत्र कईसे रह सकता?

उ कहले कि देश लोकसभा चुनाव के इंतजार करता जवना में जनता भाजपा के हिसाब किताब करी। भाजपा के खिलाफ अब सम्पूर्ण सफाया अभियान चलावल जाई। सम्पूर्ण क्रान्ति के मंत्रदाता के इहे सच्चा श्रद्धांजलि होई।

लखनऊ में समाजवादी पार्टी मुख्यालय में जय प्रकाश नारायण के 117वीं जयंती प उनुका चित्र आ मूर्ति प माल्यार्पण के बाद हजारों उपस्थित लोग के सम्बोधित करत अखिलेश कहले कि जयप्रकाश जी के बड़ व्यक्तित्व रहे। अखिलेश यादव के संगे पूर्व केंद्रीय वित्तमंत्री यशवंत सिन्हा आ भाजपा नेता शत्रुधन सिन्हा मौजूद रहले।

अखिलेश यादव कहले कि जयप्रकाश नारायण देश के सम्पूर्ण क्रान्ति के नारा देले रहले। ओकरा से दिल्ली हिल गईल रहे। अब देश के सत्ता प बईठल भाजपा के साल 2019 में उत्तर प्रदेश अवुरी बिहार में सफाया होखल तय बा। जनता के बस चुनाव के तारीख के इंतजार बा। जनता ओहि समय हिसाब बराबर करी।

अखिलेश सवाल पूछत कहले कि नोटबंदी से भ्रष्टाचार कहां मिटल? मंहगाई बढ़ल बा। बड़े-बड़े सौदा हो गईल आ केहु के पता तक ना चले पावल। उ कहले कि गुजरात से उत्तर प्रदेश आ बिहार के ओहि लोग के भगावल गईल जे भाजपा के सत्ता में बईठवलस। भाजपा के इशारा प ओ लोग के अपमानित क देश तूरे के साजिश भईल बा।

अखिलेश याद दिअवले कि लखनऊ में जय प्रकाश के नाम प समाजवादी सरकार में एगो शानदार इमारत जेपी इंटरनेशनल सेंटर बनल बा। जवना के शिलान्यास के मौका प मुलायम सिंह यादव अ जार्ज फर्नाडीज मौजूद रहले। उहां भाजपा अब काम रोक देलस। उ उम्मेद जतवले कि जेपी के अगिला जयंती ओहिजे मनावल जाई।

भाजपा के वरिष्ठ नेता शत्रुघ्न सिन्हा उर्फ बिहारी बाबू कहले कि उ जयप्रकाश नारायण से प्रभावित होके राजनीति में आईल रहले। उ कहले कि अटल जी के समय लोकशाही रहे आज तानाशाही चलता। खोखला जुमलाबाजी ना चली। आज लोग के डेरावे-धमकावे के राजनीति होखता।

भाजपा नेता कहले कि देश नोटबंदी के मार से उबरल ना रहे कि जीएसटी लगा दिहल गईल जवना में अभी तक 357 संशोधन हो चुकल बा। उ कहले कि अखिलेश के ऊर्जावान अवुरी ओजस्वी नेतृत्व में उत्तर प्रदेश जयप्रकाश जी के सपना के पूरा करी अवुरी भाजपा के सफाया करे में सफल होई

  • Share on:
Loading...