भाजपा एक राम मंदिर का कतनों राम मंदिर बनवा लेवे, चुनावी फायदा नईखे मिले वाला: मायावती

भाजपा एक राम मंदिर का कतनों राम मंदिर बनवा लेवे, चुनावी फायदा नईखे मिले वाला: मायावती

उत्तर प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री अवुरी बसपा सुप्रीमों मायावती शनिवार के छत्तीसगढ़ के बिलासपुर में एगो रैली के संबोधित करत भाजपा अवुरी आरएसएस प जम के हमला बोलली।

बिलासपुर में रैली के संबोधित करत मायावती कहली कि, "छत्तीसगढ़ में चुनाव के घोषणा हो चुकल बा। गठबंधन के लोग के पूरा कोशिश होखे के चाही कि हमनी के पूर्ण बहुमत से सरकार बने सके।"

बिलासपुर में मायावती कहली कि, "हम अजीत जोगी (जनता कांग्रेस छत्तीसगढ़) के भरोसा दिआवल चाहनी कि जवन सम्मान उनुका के कांग्रेस में नईखे मिलल उ बसपा के संगे मिली।"

मायावती भाजपा-आरएसएस प हमला बोलत कहली कि चुनाव के नदीक आवते राम मंदिर के अभियान कुछ अधिका जोर पकड़ता। उ कहली कि ए मामला में अब भाजपा के लोग उत्तर प्रदेश में ही ना बालुक समूचा देश में अनेको राम मंदिर के निर्माण करवा दिहे तबहु भाजपा-आरएसएस के लोग के राजनीतिक लाभ नईखे होखे वाला।

मायावती कहली कि नोटबंदी लोग के कमर तूर के राख़ देलस। केंद्र सरकार प निशाना साधत उ कहली कि राफेल अवुरी बोफर्स घोटाला के दोषी प कवनों कार्रवाई नईखे होखत, गौरक्षक के नाम प बनल कानून के दुरुपयोग होखता।

कांग्रेस पार्टी के बसपा से गठबंधन ना होखे प मायावती कहली कि भाजपा के ओर से गलत प्रचार कईल जाता। भाजपा के ओर से सीबीआई अवुरी ईडी के डर के भ्रम फैलावल जाता, जवन पूरा तरह से गलत बा।

मालूम रहे कि विधानसभा चुनाव खाती गठबंधन के बाद बसपा अवुरी जनता कांग्रेस जोगी के इ पहिला साझा रैली ह। ए दौरान मायावती के संगे जनता कांग्रेस छत्तीसगढ़ के प्रमुख अजीत जोगी मौजूद रहले।

आवेवाला विधानसभा चुनाव में छत्तीसगढ़ जनता कांग्रेस 55 अवुरी बसपा 35 सीट प चुनाव लड़ी। छत्तीसगढ़ में विधानसभा चुनाव दु चरण में होई। 12 नवंबर के 18 सीट प पहिला चरण खाती मतदान कईल जाई। ओकरा बाद 18 नवंबर के 72 सीट प दूसरा चरण के मतदान कईल जाई।

  • Share on:
Loading...