बिहार के युवक के छत्तीसगढ़ में पीट-पीट के हत्या

फ़ाइल फोटो

फ़ाइल फोटो

एक ओर गुजरात में बिहार-यूपी के लोग संगे होखत व्यवहार के मामला गरम बा त दोसरा ओर छत्तीसगढ़ में बिहार के गोपालगंज निवासी एगो युवक के पीट-पीट के हत्या क दिहल गइल।

मरेवाला युवक के पहचान गोपालगंज में मिरगंज थानाक्षेत्र के तहत पिपरा गांव निवासी सुनील कुमार चौहान के रूप में भईल बा। सुनील के बियाह एही साल मई महीना में भईल रहे अऊरी बियाह के तुरंत बाद उ कमाए खाती छत्तीसगढ़ के राजधानी रायपुर चल गइल रहले।

मिलल जानकारी के मुताबिक मरेवाला युवक रायपुर में जिंदल स्टील कंपनी में काम करत रहले। रायपुर पुलिस के मुताबिक युवक के लाश शनिवार के सांझ एगो तालाब के किनारा मिलल बा। लाश के चेहरा के गंभीर चोट के निशान बा, जावना के देखत लागता कि मरेवाला के संगे बहुत बेदर्दी से मारपीट भईल बा।

रायपुर पुलिस से घटना के सूचना मिलला के बाद सुनील कुमार के परिवार रायपुर रवाना हो गइल बा। ए मामला में रायपुर पुलिस अभी तक प्राथमिकी नईखे दर्ज कईले। पुलिस के कहनाम बा कि लाश के पोस्टमार्टम खाती भेज दिहल बा अऊरी पोस्टमार्टम रिपोर्ट मिलला के बादे आगे के कार्रवाई कईल जाई।

  • Share on:
Loading...