बिहार में डेंगू के प्रकोप, 245 केस के पुष्टि, एक रोगी के मौत
- टीबीएच ब्यूरो |

तमाम प्रकार के आर्थिक, सामाजिक अऊरी प्रकृतिक समस्या से घेराईल बिहार अब डेंगू के चपेट में लऊकता। राजधानी के पटना मेडिकल कॉलेज एवं अस्पताल (पीएमसीएच) के मुताबिक अभी तक डेंगू के 245 केस के पुष्टि हो चुकल बा। एही बीच डेंगू के चलते एक रोगी के मौत भी हो चुकल बा।
मिलल जानकारी के मुताबिक पीएमसीएच में जांच खाती अधिकांश नमूना पटना, सीवान, लखीसराय, सारण, भोजपुर अऊरी औरंगाबाद जिला के लोग के बाटे। पीएमसीएच के ओर से जारी सूचना के मुताबिक अस्पताल में भर्ती एक मरीज के रविवार के भोर में मौत हो गइल।
एह बीच पटना के पीएमसीएच अऊरी इन्दिरा गांधी आयुर्विज्ञान संस्थान में डेंगू पीड़ित लोग के संख्या में लगातार बढ़ोतरी भईल जाता। शुक्रवार तक जहां 38 लोग के डेंगू पीड़ित होखे के सूचना रहे, उहें रविवार के इ संख्या 250 के आसपास पहुँच गइल।
बिहार के डॉक्टर लोग के मुताबिक डेंगू के मरीज के संख्या में लगातार बढ़ोतरी के कारण प्रवासी बिहारी के वापसी बाटे। दशहरा, दिवाली अऊरी छठ के चलते राज्य से बहरी काम करेवाला लोग भारी संख्या में बिहार पहुंचतारे। हालांकि डेंगू के सभ मरीज बहरी से नईखन आईल।
पीएमसीएच के ओर से जारी सलाह के मुताबिक डेंगू से बचाव खाती मच्छर के दूर राखल जरूरी बा। अस्पताल के मुताबिक डेंगू के मच्छर दिन के समय काटेला आ एकरा के दूर राखे के एकमात्र तरीका साफ-सफाई बा।
ए सभ के देखत डॉक्टर सलाह देतारे कि दिन के समय शरीर के पूरा तरह से ढँक के राखेवाला कपड़ा पहिरल जाए अऊरी कवनो प्रकार के पानी के जमा होखे से रोकल बाटे। एकरा अलावे अचानक बोखार, माथा दर्द, आँख में दर्द अऊरी हड्डी में दर्द होखला प डॉक्टर से तुरंत संपर्क करे अऊरी डेंगू के जांच करावे के सलाह दिहल जाता।
First Update: 14 October, 2018 01:16 PM