मोदी के समूचा पूंजी राफेल सौदा खतम क देलस, अब कुछूओ नईखे बाचल

मोदी के समूचा पूंजी राफेल सौदा खतम क देलस, अब कुछूओ नईखे बाचल

बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री आ राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव से भेट कईला के बाद शिवानंद तिवारी कहले कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के एकमात्र पूंजी अब खतम हो चुकल बा। राजद नेता कहले कि अब मोदी लगे कुछूओ नईखे रह गइल।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी प निशाना साधत शिवानंद तिवारी कहले, "मोदी के मात्र पूंजी रहे, 'ना खाऊँगा, ना खाने दूँगा'। अब त इहो खतम हो गइल। राफेल सौदा साबित क देलस कि सभ बात झूठ रहे।"

लालू यादव संगे भईल बातचीत के जानकारी देत शिवानंद तिवारी कहले ने उ लोग बिहार, झारखंड आ उत्तर प्रदेश में गठबंधन के मुद्दा प चर्चा कईले। उ कहले कि मायावती-अखिलेश-कांग्रेस-राजद समेत विपक्ष जदी एक संगे चुनाव लड़े त बिहार, उत्तर प्रदेश आ झारखंड में भाजपा के 10 सीट तक ना मिली।

एकरा से पहिले लालू यादव के बेटी रोहिणी के रंगे शिवानंद तिवारी शनिवार के रांची के रिम्स पहुंचले। अस्पताल के पेड़ वार्ड में भर्ती लालू प्रसाद यादव से दुनो लोग भेट क हाल-चाल जनले।

लालू से भेट कईला के बाद शिवानंद कहले कि लालू जी के तबीयत ठीक नईखे। उ कहले कि प्रशासन हर शनिवार के लालू जी से भेट करे के अनुमति देले बा। लेकिन भेट करेवाला लोग प नज़र राखे खाती अब लालू जी के रूम के बहरी कैमरा लगा दिहल बा। प्रशासन के ए कदम में मतलब नईखे समझ में आवत।

  • Share on:
Loading...